भी.आई.पी. गेष्ट खातिर महागढीमांई नगरपालीका बनावलक एसिवाला सिपटी

    443

    प्रभु यादव । कलेया, फागुन ५ ।

    बारा के महागढीमाई नगरपालीका सर्वजनिक सिपटी दु गो एसीवाला बनावले बा । गढीमाई मन्दिर के लगहीं आ वार्ड नम्वर २ में बजार लगे एसि वाला सिपटी बनावले बा ।

    नगर प्रमुख उपेन्द्र प्रसाद यादव बाहर से आवेवाला भि.आई.पी  अउरी विशिष्ट लोग गर्मी के समय में पैखाना करेला सुविधा होई अउर ई ठांव के पहचान मिले में भी आसानी होई कहके एसी सहित के सिपटी वनावल गईल जनकारी देहले बानी ।

    जनही ४० लाख रूपेया के लागत मे दुनु सिपटी के सुविधा सम्पन बनवावल गईल जनकारी मेयर यादव करावले वानी ।

    महागढीमाई के चार गो वार्ड पैखाना मुक्त घोषणा होगईल बा, पुरा नगर के ही बैशाख तकले घोषणा करे के प्रयास कईल जारहल मेयर यादव जनकारी करावले बानी ।

    गढीमाई मन्दिर के सञ्चालक आ विकास समिति के सचिव मोतीलाल कुशवाहा एसीवाला सिपटी उपभोक्ता समिति राख के बनावावल गईल  जनकारी करावले बानी ।

    सिपटी मे जनानी आ मर्दाना के अलग अलग दु भाग में व्यवस्था कईल गईल सचिव कुशवाहा जनकारी करावले बानी ।

    सिपटी में चार गो पैखाना करेवाला अउरी एक गो नहायवाला आ पिसाब करेवाला दुनु ओर में व्यवस्था रहल कुशवाहा जनकारी देहले बानी ।

    सिपटी मे पूरा मार्वल लगावल गईल बा अउरी बती के पूरा व्यवस्था कईल गइल बा जवना से एसी चली अउर  मटर से टंकी मे पानी राख  काम कईल जाई सचिव जनकारी देहले बानी ।

    सिपटी के उपभोक्ता समिति के राख के बनावल गईल बा जवना के ईहे महिना में सञ्चालन कइल जाई सचिव कुशवाहा जनकारी करावले बानी ।

    देश आ विदेश से आवेवाला पुजा करनीहार लोग के सुविधा के खातिर सिपटी बनावल गइल जनकारी सचिव करावले बानी ।

    सिपटी सुविधा सम्पन्न बनगईल, अब धर्मशाला बनावे के खातिर बात चल रहल बा जल्दीही बनावेवाला से सम्झौता होई आ उहो बन गईला पर आवेवाला पुजारी लोग के एक बेर के खाना आ सुविधा सम्पन्न घर मे सुते के मिलि, ऐकरे प्रयास कईल जारहल सचिव कुशवाहा जनकारी करावले बानी ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here