भेडिहारी अस्पताल के अवस्था नाजुक, कर्मचारी बइठे लाय टेबुल आ बिरामी चेक करेलाय बेड तक भी नइखे

155

पर्सा, ८ जेठ ।
पर्सा के कालिकामाई गाउँपालिका के वडा नं. २ मे रहेल स्वास्थ्य चौकी भेडिहारी के अवस्था दयनिय भइला पर भी सम्बन्धीत निकाय आ जनप्रतिनिधि के ध्यान पुगे नइखे सकल । अस्पताल मे कर्मचारी बइठेलाय फर्निचर तक नइखे त बिरामी के चेक करेलाय ठावं भी नइखे । अस्पताल मे अहवे ३ जने आ अनमी २ जने कर्मचारी बा त एगो खाली टुटल टेबुल बा ।

अस्पताल मे पुगला पर कर्मचारी सब बेन्च पर बइठ के काम कर रहल देखेके मिलल । अस्पताल के दुअ गो रुम बा जवना मध्य एगो रुम मे ओपिडि सेवा आ एगो मे प्रशासन शाखा संचालन बा । जवना मे ओपिडि सेवा खातिर टुटल टेबुल प्रयोग कइल गइल आ बगल मे ही रहल वडा कार्यालय से कुर्सी लिआके प्रयोग कइल गइल स्वास्थ्य चौकी इन्चार्ज अशेसवर महतो बतइलन ।

अस्पताल के अवस्था बारे बहुती बेर वडा कार्यालय आ गाँव कार्यपालि के कार्यालय मे जानकारी करावला पर भी तक अवस्था सुधार ना हाखे सकल उ बतइलन । कमति मे २ गो टेबल आ १२ गो कुर्सी रहित त अस्पताल संचालन मे सजिलो होइत महतो बतइलन । एगो टेबुल ओपिडि सेवा आ एगो प्रशासन शाखा के खातिर बहुती जरुरी रहल उनकर कहनाम रहे ।

एहिसही कमतिमे २ गो हुइल चेयर भी जरुरी रहल बतइलन । एहिसही अस्पताल मे ड्रेसिङ करे खातिर रुम समेत ना रहल अनमी सुमित्रा सुबेदी बतइली । अस्पताल मे पानी खाएवाला फिल्टर, एमसी चेक करेवाला के भी समस्या रहल सुबेदी बतइली । सुबेदी के अनुसार अस्पताल मे ग्रभावति महिला सब के चेकअप करेलाय बेड ना भइला से, ओपिडि मे एक जने बिरामी के चेकअप होरहल समय दोसर बिरामी अइला पर समस्या होरहल बा ।

उ कहली अस्पताल के ओपिडि कक्ष से सब के बाहर निकाल के बिरामी देखे के बाध्यता रहल बा । एहिसही अस्पताल मे कार्यालय सहयोगि भी ना भइला से समस्या होरहल उनकर कहनाम बा । ई बिषय मे प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत देवनाथ से बुझला पर अस्पताल के अवस्था बारे अपना थाह ना भइल बतावत अवस्था बुझ के समस्या समाधान करे के बतइलन ।

गाँव कार्यपालिका के स्वास्थ्य प्रमुख योगेन्द्र प्रसाद चौरसिया से बुझला पर अस्पताल के अवस्था बारे थाह रहल बतावत बजेट अभाव के कारण समस्या समाधान करे ना सकल गइल प्रतिक्रिया देहलन । आ.व. २०७४/०७५ के निति, बजेट आ कार्यक्रम खातिर स्वास्थ्य तर्फ ५० लाख बराबर के कार्यक्रम देहला पर भी १० लाख के कार्यक्रम मात्र पारित भइला से समस्या भइल बतइलन ।

१० लाख मे औषधी खरिद आ क्षय रोग सम्बन्धी कार्यक्रम खाली रहल बतावत उ गाँवपालिका कार्यालय संग रहल फर्निचर खरिद के बजेट से तत्काल के खातिर खरिद करेलाय बोर्ड बैठक मे प्रस्ताव लेजाए के बतइलन ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here