भोजपुरिया खातिर गर्व करेवाला ठेहा बनी ‘आपन वीरगंज’ – फगुआ मिलन समारोह मे व. उपाध्यक्ष अशोक कुशवाहा के उद्घोष ।

142

फागुन १५, वीरगंज ।

नेपाल भोजपुरी समाज, वीरगंज के आयोजना में फगुआ मिलन समारोह “रंगन के त्योहार” आजू भईल । नेपाल भोजपुरी समाज के अध्यक्ष श्री रामदेव प्रसाद श्रीवास्तव के अध्यक्षता मे कुम्हालटोल वार्ड न. ५ में भईल कार्यक्रम में विशिष्ट अथिति के रूप में हिंदी साहित्य परिषद् के अध्यक्ष श्री ओम् प्रकाश सिकरिया, साहित्यकार-लेखक दिनेश गुप्ता रहल रहस।


ई कार्यक्रम में नेपाल भोजपुरी समाज के सदस्य एवम् सामाजिक अभियंता प्रकाश थारू शब्दन के स्वागत फूल बरसवलन । वरिष्ठ भोजपुरिया सिपाही विजय प्रकाश बिन जी के शुभकामना के रंग से कार्यक्रम सरोबार भईल। कार्यक्रम में ख़ूब भोजपुरिया रंग बरसल। फगुनहट के बेयार में पुरा समाज रंग गईल रहे। संगीतकार अजमत अली अंसारी के बाँसुरी के धुन आ तबलवादक चंदन दास के तबला के थाप से कार्यक्रम जगमगाईल रहे। 
नेपाल भोजपुरी समाज के उपाध्यक्ष श्री ध्रुव सिंह ठकुरी के भोजपुरी के तान से फगुनाहट के बेयार समूचा वीरगंज आ भोजपुरिया समाज तक पहुँचल। नेपाल भोजपुरी समाज के सचिव आ भोजपुरी ग़ज़ल-गीत के नवका हस्ताक्षर रितु राज के विरह गीत से कार्यक्रम में पीड़ा के रंग भी लउकल।

आपन वीरगंज मिडिया ग्रुप के तरफ से बोलत व. उपाध्यक्ष अशोक कुशवाहा ।

आपन वीरगंज मीडिया ग्रुप के वरिष्ठ -उपाध्यक्ष अशोक कुशवाहा जी कार्यक्रम में सहभागी हो रहल सभ कवि-लेखक के साथे-साथे वीरगंज के आऊर कवि लोग के रचना संकलन के पुस्तक के रूप लावे ख़ातिर सहयोगकरे के प्रतिबद्धता जनावत सभी भोजपुरी लेखक लोगन से भोजपुरी मे राजनीति आ तत्कालीन बिषय पर भी कलम चलावे के निहोरा कईल । आपन वीरगंज भोजपुरिया भाषा स्नेही लोग खातिर ही खोलल गइल क़हत ऊहा के आपन वीरगंज के भोजपुरीया लोग के गर्व करेवाला ठेहा बनावे मे हर सम्भव कशिश निरन्तन जारी बा उद्घोष कईनि ।

वईसही अधिवक्ता बिनोद प्रसाद कुर्मी समाजके फगुआ मिलन के ई कार्यक्रम से ख़ुश होखत आगे भी एतने ज़ोरदार ढंग से कार्यक्रम होई एकर उम्मीद जतवनीं।  कवि अरुण विक्रम शाह, मोती उररहमान, रामशीष प्रसाद धानुक रचना पाठ कईले रहस। कार्यक्रम में आपन वीरगंज के अध्यक्ष मिथिलेश चौरसिया, द पब्लिक हिन्दी पत्रिका से मनोज कुमार वर्मा, सानो पाईला से शैलेंद्र त्रिपाठी, अक्षिता श्रीवास्तव, अजीत श्रीवास्तव, आनंद यादव, इत्यादि के सहभागिता रहल रहे। कार्यक्रम के समाज के व्यस्थापन मनोज मिश्र आ सहजीकरण सचिव रितु राज कईले रहस।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here