भोजपुरिया खातिर गर्व के बात सांसद प्रदीप यादव भोजपुरी मे सपथ लिहे ।

205
वीरगन्ज,फागुन १९ ।
पर्सा के क्षेत्र नम्बर १ से विजयी सांसद प्रदिप यादव भोजपुरी मे सपथ लेवेके निर्णय कईल बाड़न । संसद सचिवालय से मातृभाषा मे सपथ लेवे वाला सांसद लोग के फागुन १८ गते तक जानकराी करावे के समय देखल गईल रहे । प्रतिनिधि अउरी राष्ट्रिय सभा के सांसद लोग आपन सपथ खातिर ८ गो भाषा चुनले बाड़े लोग ।अलग अलग सांसद लोग आपन मन मुताबिक आपन आपन मातृभाषा मे सपथ लेवे खातिर संसद सचिवालय मे निवेदन दहले बा लोग।
संघीय समाजवादी फोरम नेपाल के तरफ से चुनाव जितल सांसद प्रदिप यादव संसद सचिवालय मे मातृभाषा भोजपुरी मे सपथ लेवे के निवेदन दर्ता करईले बाड़न। एतवार के सासदह लोगन के होखे जारहल सपथग्रहण कार्यक्रम मे धोती ,कुर्ता आ पगरी के पहिरण मे भोजपुरी मे सपथ लेवे के बतावत उहाँ के कहनी ‘हम संसद सचिवालय मे मातृभाषा भोजपुरी मे ही सपथ लेवे के निवेदन २ नम्बर मे ही दर्ता करा दहले रहनी ।’  मधेस आन्दोलन के प्रमुख माँग ही भाषा,संस्कृती आ पहिचान रहे क़हत आपन मातृभाषा भोजपुरी मे ही सपथ लेवे के बतइलन ।
अभिन तक ४० से जादे सांसद लोग मातृभाषा मे सपथ लेवे के जानकारी भईल बा। सपथ के जानकारी संघे सम्बन्धित सांसद द्वारा अनुवाद कर के संसद सचिवालय के भेजेके प्रावधान अनुसार नेता यादव द्वारा भोजपुरी भाषा मे सपथ के अनुवाद दर्ता करा देहल पार्टी जनईले बा । संसद सचिवालय द्वारा इहे २० गते दिन के ३ बजे राष्ट्रिय सभा के सांसद लोग खातिर अउरी सोही दिन ४ बजे प्रतिनिधि सभा के सांसद खातिर समय तय कईल गईल बा ।
ओइसे कवनो संसद द्वारा भोजपुरी मे सपथ लेवे के ई पहिला बेर ना हवे । एसे पहिले भी वि.स. २०६५ साल के संविधानसभा सदस्य के रूप मे पर्सा जिल्ला से अजय द्वेदी, अजय चौरसिया आ रमेश रिज़ाल सहित बारा जिल्ला से समानुपातिक सदस्य गोपाल ठाकुर आ रामचन्द्र प्यासी आपन भाषा भोजपुरी मे सपथ ग्रहण कईले रहे लोग ।
advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here