भोजपुरिया गीत के लहर से रंगाईल “नेपाल लोक स्टार”, रविराज शाह नंबर एक पर (भिडियो सहित )

449

आस,सावन ९

नेपाल के ही सब से बडका मौलिक रियालिटी शो कहाएवाला ‘नेपाल लोक स्टार’ के पहिलका सिजन के उत्कृष्ट २५ में प्रदेश २ स्थित सर्लाही जिल्ला के रविराज साह पहिलका नम्बर में छनोट भईल बाड़े ।

पहिलका बेर प्रादेशिक स्तर में अडिसन भईल नेपाल लोक स्टार के उत्कृष्ट २५ मेसे साह पहिलका नम्बर में आईल बाड़न ।
सातों प्रदेश में प्रादेशिक तथा काठमाडुं में निर्णायक ‘जज’ अडिसन ओरीयईला बाद भईल मेगा अडिसन से उन्कर नाम छनौट भईल बा ।

नेपाल के ही सबसे बेसी इनाम भईल एह रियालिटी शो के विजेता के ५० लाख नगद दियाई आ दोसरका स्थान मे जितेवाला के २५ लाख नगद अउरी तिसरका स्थान लेआवेवाला के १० लाख नगद ईनाम बाटे । ओहितरे सबसे उत्कृष्ट १२ जने के विश्व भ्रमण प्याकेज आ एल्बम में गावे के मौका भी मिलि ।

सर्लाही के चन्द्रनगर गाँवपालिका ४, पोखरिया के रहनीयार २६ वरीष के साह जनकपुर में भईल प्रदेश नम्बर २ के अडिसन में भोजपुरी पहिरन में “ कवना नगरीया मोरा सैयाँ जी के डेरा” बोल के भोजपुरी निर्गुन गीत गा के सबकर मन जितके छनौट भईलन् ।

 

#IME NEPAL LOK STAR Ko Yatra prarambh#
#Hajur haruko Maya ra support Ko aasha Garda xu#
#PLZ WATCH EVERY THRUSDAY & FRIDAY @8:30 PM ON AP1 HD TV & NEPAL LOK STAR YOUTUBE CHANNEL#

Posted by Ravi Raj Shah on Friday, July 12, 2019

 

काठमाडु में भईल मेगा अडिसन में नेपाली पहिरन दौरा सुरुवाल आ ढाका टोपी में सज्जके साह “गोर गोर देहिया ओपर धानि रङ चुनरिया‘” बोल के भोजपुरी लोक गीत गईलन ।

 

‘आईएमई नेपाल लोक स्टार’ को मेगा अडिसनबाट उत्कृष्ट २५ मा मलाई पुर्याउन योगदान गर्नुहुने आदरणीय निर्णायक मण्डल, संगीत गुरुहरु, परिवारजन, मित्रहरु तथा मलाई माया गर्नुहुने सम्पूर्ण संगीतप्रेमी दाजुभाई तथा दिदीबहिनीहरुमा हृदयदेखि धन्यवाद व्यक्त गर्दछु । आगामी दिनमा पनि यहाँहरुको निरन्तर साथ सहयोग रहने विश्वास लिएको छु ।
प्रत्येक विहिवार र शुक्रवार वेलुकी ८:३० वजे AP1 HD टेलिभिजन र नेपाल लोक स्टार यूट्यूब च्यानलबाट प्रत्यक्ष प्रसारण हेर्न नभुल्नु होला ।
#IME_NEPAL_LOK_STAR

Posted by Ravi Raj Shah on Saturday, July 20, 2019

लईकाई से ही संगीत में लगाव भईल साह गावँ के ही स्कुल से एसएलसी तक के पढाइ पुरा कईनी । अभी उ भारत के मुम्बइ मे रहल भारतीय विद्यापीठ में शास्त्रीय संगीत कें विद्यार्थी हवन । उ रेडियो नेपाल से स्वर परिक्षा तक पास करचुकल बाड़न ।

नेपाल लोक स्टार हरेक वियफे के आ शुक के रात में साढे ८ बजे एपी वान टेलिभिजन आ नेपाल लोक स्टार यूट्यूब च्यानल मार्फत प्रशारण होखेला ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here