भोजपुरिया संस्कृति गोधन/गोवर्धन पूजा (गीत के साथ )

    152

    वीरगंज, ११ कार्तिक ।

    गोधन आ गोवर्धन प क जगह बतकही भइल ह , बस गो+अर्धन , आ गो‌+धन के मेल जोल के अलावा कुछ संतुष्ट करे लायक जबाब ना मिलल ह । खैर गोधन के बारे में अधिकतर भोजपुरिया जानत होइहे । तनि मनि फेर बदल के साथे हर जगह बजरी चना लाई बतासा लचिदाना आदि के संगे रेंगनी के कांट आ सरापल । माने कूटल आ सरापल गोधन के दिने आ पीड़ीया लगावे से पहिले खास क्रिया ह । एह दुनो विधा प भोजपुरी में असंख्य गीत बा , चुकि गोधन आ पीड़ीया अब गांवे ले आ उहो पाका के घर बनि गइला से पीड़ीया लगावे खाति देवाल कम मिलत बा , एहि वजह से ओह असंख्य गीतन में से बहुत कम गीत बाचल बा भा कतने जगह अब बस कहे खाति रहि गइल बा गोधन आ पीड़ीया ।

    गोधन के एगो बहुत सामान्य , मशहूर आ बेहतरीन गीत ह , जवन भोजपुरिया क्षेत्र में लगभग हर ओह जगह गावल जाला जहाँ गोधन कुटाला । एह गीत में बस बदलेला त भाई बहिन के नाव ।

    कवन भइया चलले अहेरिया,
    कवन बहिनी देली असीस हो ना ।
    जियसु रे मोर भइया ,
    मोरा भऊजी के बढे सिर सेनुर हो ना ।
    मोहन भइया चलले अहेरिया,
    पार्वती बहिनी देली असीस हो ना ।
    जियसु रे मोर भइया
    मोर भऊजी के बढे सिर सेनुर हो ना ।

    एगो मन में जवन बात आवत बा उ इ कि गोधन कहिं ना कहिं प्रतीकात्मक चिन्ह प्रतीकात्मक रुप ह , जवना दूसल , जवना के कूटल घर परिवार समाज खाति नीमन मानल गइल बा । हो सकेला जब मरदाना लो खेत बधार में जात होखे लो मेहरारु डंटा मुसर आदि ले के घर / गांव के रक्षा करत होखअ स । गोधन के जिक्र एगो लोकगीत में एगो आम आदमी के रुप में कुछ अइसे बा –

    फालाना राम बहुरिया रूसल नइहर जासु ।
    पाने फूले अझुरइले गोधन अकुताइल जासु ॥
    रामचंद्र बहुरिया रूसल नइहर जासू ।
    पाने फूले अझुरइले गोधन अकुताइल जासु ॥

    लोक में कहाउत ह कि एगो राजा के बेटी जेकर बिआह हो गइल रहे , अपना ससुरा से आवत रहली , ओह राजा के बेटा के बिआह रहे , जब ससुरा से बेटी आवत रहली त लोग काना-फुसी करत रहे कि बेटी कतना नीमन खुश बा‌डी , बेटा के नजर लागी , जम ले के जइहें आदि इत्यादि । बहिन अपना भाई के बचावे खातिर , ओजुगे से सांप बिछी भा हर ओह चीझु के अपना फांड़ में राखत चलली जवना से उनुका भाई के खतरा होइत आ उ राजमहल चहुंपली । यम अइले , बाकिर बहिन भाई के प्यार के सोझा हार गइले ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here