भोजपुरीटाइम्स के पाँचवा बार्षिकोत्सव सम्पन्न, भोजपुरीभाषा के विकास खातिर प्रदेश सरकार गम्भीर नईखे : सांसद समिर

136

प्रभु यादव, वीरगंज, २३ सावन ।

मध्य मधेश के वीरगंज से भोजपुरी भाषा में प्रकाशित होत आरहल नेपाल के एक मात्र भोजपुरी टाइम्स दैनिक पत्रिका के पाँचवा बार्षिकोत्सव कार्यक्रम आज एक भव्य समारोह बिच सम्पन्न भइल बा ।

कार्यक्रम के सम्बोधन करत प्रमुख अतिथी नेकपा के नेता आ प्रदेश सांसद महम्मद समिर भोजपुरी भाषा में प्रकाशित भोजपुरी टाइम्स हमनी के पहिचान बढ़ाइले बा कहले । पत्रिका के प्रगति के खातिर शुभकामना देत सांसद समिर पत्रिका से भोजपुरी भाषा के विकास आ संरक्षण में भी भुमिका खेलल बतइले । भोजपुरी भाषा के विकास के खातिर प्रदेश सरकार गम्भीर ना रहल बतावत सांसद समिर संसद में खुद से अवाज उठावे के वाचा समेत कइले ।

बारा जिल्ला के कलैया स्थित दास गेष्ट हाउस में भइल कार्यक्रम में बिधायक समिर भाषा के बिकास के खातिर प्रदेश सरकार के भुमिका महत्वपूर्ण होखे के जगह अभिन तक ले कुछ ना कर सके के आरोप लगइलन । रेडियो नेपाल से प्रसारण होत आरहल मैथली आ भोजपुरी भाषा के कार्यक्रम बन्द कइल कार्य प्रति आपति जनावत ओकरा के तत्काल संचालन करे के मांग कइलन ।

‘मुलुक संघियता में गइला के बाद त कार्यक्रम के अवधी बढ़ावे के चाहित, ई लोग त उलटे बन्द करत बा, ई त सीधा सीधा पहिचान सहित के संघियता के मूल सिद्धान्त पर प्रहार कर रहल बा लोग”, ऊ आगा कहले, ‘ तत्काल कार्यक्रम संचालन कर के कार्यक्रम के अवधि भी बढ़ावे के परल । ‘

कार्यक्रम के विशिष्ट अतिथी में नेपाल पत्रकार महासंघ प्रदेश नं. २ के अध्यक्ष दिपेन्द्र चौहान अभिन बड़का पत्रिका सब से जादा छोट पत्रिका ही यर्थातपरक सुचना प्रभाव कर रहल बतइले । हमनी के समाज में कुछ हिन्दी भाषा के सामन्ती सोच के लोग के कारण भोजपुरी भाषा अभिन ले पछाड़ी पड़ल बतईले ।

भारत के लखनउ से प्रकाशित होखे वाला ‘भोजपुरीया अमन’ के सम्पादक डा. जनार्धन सिंह भोजपुरी भाषा में प्रकाशित पत्रपत्रिका भोजपुरिया समाज के जोडेके काम भी कर रहल बतइले । ओइसही विश्व भोजपुरी परिषद के महासचिव डा. मनु राय पत्रकारिता समाज के यर्थात चित्ररण करे वाला काम भइला से भोजपुरी भाषा में प्रकाशित पत्रिका भोजपुरी भाषा के बिकास में बड़का भुमिका खेल रहल बतईले ।

पत्रिका के प्रकाशक अजय कुमार चौरसिया के अध्यक्षता में  सम्पन्न भइल कार्यक्रम में जिल्ला समन्वय समिति बारा के उपप्रमुख पवन व्याहुत, नेकपा के युवा नेता मुकेश साह, भोजपुरी समाज शिवान भारत के जिल्ला अध्यक्ष विकास कुशवाहा, नेपाल पत्रकार महासंघका प्रदेश नं. २ के सदस्य सिकेन्द्र पासवान, पर्सा के सचिव युवराज खड्का, बारा के पूर्व उपाध्यक्ष राकेश पाण्डे, गोपाल सेवा समिति बारा के अध्यक्ष जंग बहादुर यादव सहित के लोग आपन आपन मन्तव्य रहले रहे ।

कार्यक्रम के स्वागत मन्तव्य पत्रिका के बारा प्रतिनिधि प्रभु यादव कइले रहले आ कार्यक्रम के सहभागि तथा अतिथी लोग के स्वागत पत्रिका के सम्पादक श्रवण साह खुदे कईले रहले ।

कार्यक्रम में अनेकन क्षेत्र में योगदान देवेवाला पत्रकारिता तर्फ बारा के वरिष्ठ पत्रकार सत्यप्रकाश श्रेष्ठ, ग्रामिण पत्रकार रामेश्वर मेहता आ भोजपुरी साहित्यकार रामप्रसाद साह के सम्मान कइल गइल रहे । पत्रिका के बार्षिकोत्सव के अवसर में पत्रिका से आवद्ध व्यक्ति लोग के कदर पत्र समेत देवल गइल रहे ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here