भोजपुरी के केन्द्र वीरगंज महानगरपालिका कार्यालय ना करे सकल भोजपुरिया साहित्यकार के कदर

    153
    स्व. पण्डित दीप नारायण मिश्र आ सत्यमोहन जोशी
    स्व. पण्डित दीप नारायण मिश्र आ सत्यमोहन जोशी

    काठमांडू के ललितपुर आ गोदावरी साहित्यकार के जन्मदिन पर सम्मान करत देहलख सार्वजनिक छुट्टी

    वीरगंज, ३१ बैसाख ।

    बितल बैसाख १९ गते भोजपुरिया साहित्य के धुरंधर साहित्यकार आ नेपाल के भोजपुरी साहित्य के दुनिया मे ‘भीष्मपितामह’ के नाम से परिचित पण्डित दीप नारायण मिश्र के देहान्त हो गइल । प्रदेश २ के मुख्यमन्त्री लालबाबू राउत गद्दी बिज्ञाप्ति निकाल के दुख जाहीर कईले माकिर भोजपुरी भाषा के केन्द्र रहल वीरगंज महानगरपालिका कार्यालय अपने भोजपुरिया भाषी साहित्यकार खातिर एगो आफिसियल बिज्ञाप्ति तक ना निकाले सकल ।

    दाह संस्कार मे अन्त अन्त तक वीरगंज के मेयर विजय कुमार सरावगी के ब्यक्तिगत उपस्थिती दर्ज त भइल माकिर वीरगंज महानगरपालिका कार्यालय से कौनों किसिम के प्रतिकृया ना आईल ।

    बितल शनिचर के दिने स्व. मिश्र के श्रदांजलि कार्यक्रम मे २ नम्बर प्रदेश सरकार के तरफ से मुख्यमन्त्री, भौतिक पूर्वाधार बिकास मन्त्री सहित संचारकर्मी आ अनेकन साहित्यकार लोग के उपस्थिती देखे के मिलल माकिर वीरगंज महानगरपालिका के मेयर विजय कुमार सरावगी के उपस्थिती ना दर्ज भईल ना ही महानगरपालिका के कोई प्रतिनिधि श्रदांजलि सभा मे नजर आईल लोग ।

    साहित्य आ साहित्यकार स्थानीय सरकार ही ना बल्कि देश के धरोहर होखे लोग । स्थानीय सरकार के जिम्मेवारी ह की साहित्य आ साहित्यकार के हर तरह से संरक्षण आ प्रोत्साहन करी माकिर वीरगंज महानगरपालिका के स्व. मिश्र के देहान्त बाद के रवैया देखला से महानगरपालिका के साहित्य आ साहित्यकार से लगता कोसो दूर तक कौनों रिश्ता नईखे रखे के चाहत । उहे काठमाण्डू के ललितपुर आ गोदावरी मे साहित्य से जुडल ब्यक्तित्व सत्यमोहन जोशी के कदर आ सम्मान करत जियते मे उनका नाम से उडयन आ सड़क निर्माण के घोषणा भी कर देहले बा ।

    वीरगंज महानगरपालिका कार्यालय साहित्य आ साहित्यकार के कदर आ सम्मान सार्वजनिक छुट्टी देहल जा सकत रहे माकिर वीरगंज नगर प्रमुख सरावगी सार्वजनिक छुट्टी त दूर ना एगो बिज्ञाप्ति निकलले, ना ही श्रद्धान्जली सभा मे उपस्थित ही भईले । यी सब से मेयर सरावगी के साहित्य आ साहित्यकार से कौनों मतलब नईखे कहल जा सकता ।

    काठमांडू के बंगमय शताब्दी पुरुष सत्यमोहन जोशी बितल सोमर के दिने ९९ साल पूरा कर के १०० साल मे प्रवेश कईला के अवसर पर उनकर सम्मान मे ललितपुर महानगरपालिका आ गोदावरी नगरपालिका सार्वजनिक छुट्टी देहले बा । महानगरपालिका आ नगरपालिका के कार्यालय, वाड कार्यालय, शैक्षिक संस्था समेत अनेकन संघसंस्था मे सार्वजनिक छुट्टी देहल गईल महानगरपालिका आ नगरपालिका के कार्यालय द्वारा सूचना सहित घोषणा कईल गईल ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here