भोजपुरी के संवैधानिक मान्यता खातिर दिल्ली के जंतर मंतर पर होई विशाल धरना प्रदर्शन

177

 दिल्ली, २७ जुलाई ।

भोजपुरी के उदगम देश भारत में भोजपुरी भाषा के संवैधानिक मान्यता आ भारतीय संविधान के आठवीं अनुसूची में शामिल करावे खातिर पूर्वांचल एकता मंच, भोजपुरी जन जागरण अभियान,अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन,अखिल भारतीय भोजपुरी लेखक संघ आ रंगश्री के संयुक्त तत्वावधान में आगामी 7अगस्त, 2018 दिन मंगलवार के विशाल धरना प्रदर्शन के आयोजन दिल्ली के जंतर मंतर पर कइल जा रहल बा।

ज्ञात होखो कि भोजपुरी भाषा के भारतीय संविधान के आठवीं अनुसूची में शामिल करावे खातिर भारत के भोजपुरिया लोग द्वारा लगातार प्रयास कइल जा रहल बा।

भोजपुरी भाषा के बोलनिहारन के संख्या पुरे विश्व में 25 करोड़ से उपर बा। भोजपुरी भाषा खालि भारत के बिहार, उत्तरप्रदेश,मध्यप्रदेश, झारखंड, छतीसगढ़ आदि राज्यन में ही ना बलुक भारत के बाहर करीब चौदह गो देशन में बोलल जाला।

एतना समृद्धिशाली भाषा के भारत देश के बाहर कई देशन में संवैधानिक मान्यता प्राप्त बा। नेपाल में भी भोजपुरी भाषा के संवैधानिक अधिकार प्राप्त बा बाकिर ई दुख के बात बा कि भोजपुरी भाषा के उदगम देश में अपने ही लोगन के बीच आपन हक नइखे ले पावत ।

विगत में भारतीय लोकसभा चुनाव में उहवा के प्रधानमंत्री के साथ साथ बिहार राज्य के कई सांसद आ केन्द्र में मंत्री रविशंकर प्रसाद, सुशील कुमार मोदी समेत कई गो नेता लोग ई वादा कइले रहन कि उहवा भाजपा के सरकार बनी त भोजपुरी संविधान में शामिल होई। बाक़िर सरकार बनल अब चार साल हो गइल तबो उहवा के सरकार भोजपुरी के प्रति आपन मनसा स्पष्ट नइखे कर पावत।

एह के लेके अबकी संयुक्त रूप से ई सभे संस्था द्वारा कमर कस लिआइल बा, एह बार आर-पार के लड़ाई खातिर तइयार बाड़े भोजपुरी भाषा-भाषी।

भोजपुरी जन जागरण अभियान के संयोजक सह झारखंड प्रभारी राजेश भोजपुरिया द्वारा सभे भोजपुरी के संस्था,भोजपुरी प्रेमी, साहित्यकार,पत्रकार, समाजसेवी,गायक कलाकार, रंगकर्मी, राजनेता,भोजपुरी से जुड़ल सभे लोगन से एह धरना प्रदर्शन में शामिल होखे खातिर अपील कइल गइल बा।

एह विशाल धरना में छत्तीसगढ़, उत्तरप्रदेश,मध्यप्रदेश,बिहार, झारखंड के अलावा दिल्ली, मुम्बई,कोलकाता, असम और देश के कई भोजपुरी क्षेत्र से भोजपुरी भाषा-भाषी व प्रतिनिधि शामिल होइहेे। भोजपुरी भाषा के सम्मान आ आपन हक खातिर भोजपुरी भाषा-भाषियन के जुटान होई।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here