भोजपुरी गीतन के बदलत स्वरूप

वीरगंज, २८ भादो ।
“बम्बई मे का बा” अनुभव सिन्हा द्वारा प्रस्तुत भोजपुरी रैप अभी भोजपुरिया दुनिया के हरेक भोजपुरियन के जबान पर बा । डा. सागर द्वारा लिखित यी गीत मे भारतीय सिनेमा के दुनिया बॉलीवुड के चर्चित अभिनेता भोजपुरी भाषी मनोज वाजपेयी आपन आवाज देहले बानी आ संघही यी गीत के चालतचित्र मे अभिनय कर के गीत के चार चान लगा देहले बानी ।
भारत के भोजपुरिया दुनिया मे भोजपुरी गीत संगीत मे एक से बढ़ के एक काम हो रहल बा । उहे नेपाल के युवा लोग भी भोजपुरी गीत संगीत मे लगातार काम पर लागल बा लोग । बितल साल छठ परब के शुभ अवसर पर पूर्णेन्दु_झा द्वारा प्रस्तुत, आनन्द गुप्ता के लिखल आ रवि राज साह के आवाज मे गीत आइल रहे जवन अन्तराष्ट्रिय गुणस्तर के रहे । नेपाल भोजपुरी समाज, वीरगंज के प्रस्तुति मे शिव सन्देश द्वारा लिखल, अजमत अली अंसारी आ नेक मोहम्मद के आवाज मे नेपाल के पहिलका देशभक्ति गीतन के संग्रहीत एल्बम “सुन्दर शान्त नेपाल” वीरगंज नगरी से विमोचन कईल गइल रहे । यी सभी गीतन के यूट्यूब पर भी देखल आ सुनल जा सकता ।
वर्तमान समय मे वीरगंज नगरी से श्याम सर्राफ द्वारा लिखित आ उनही के आवाज मे निर्माता राकेश यादव अभिनीत “पेट बड़ी पापी” भोजपुरी गीत चलतचित्र सहित जल्दीए रिलीज होखे वाला बा । यी गीत/वीडियो के निर्देशक राजन श्रीवास्तव बाड़े । भोजपुरिया समाज मे रहल गरीबी आ गरीबी के कारण विदेश पलायन हो रहल युवन के उपर फ़िलमावल यी चलत चित्र समाज के युवा भोजपुरी भाषा आ संगीत प्रति उत्साहित करी विश्वास कईल जा रहल बा ।
भोजपुरी गीत संगीत पर हो रहल काम के देख के ६ दशक पहिले रहल भोजपुरी गीत संगीत आ सिनेमा के स्थिति अब फेर जल्दीए वापस लौटी जईसन आभास हो रहल बा । क्षणिक स्वार्थपूर्ति आ क्षणिक इज्जत आ सोहरत खातिर अश्लीलता परोस रहल अनेकन भोजपुरी गीतकारन के बीच अइसन गीतन के आवल श्लील गीत, संगीत भा सिनेमा पर काम कर रहल लोग खातिर सकारात्मक पक्ष देखल जा रहल बा साथ मे अश्लीलता के मुह पर करिखा पोते के शुभ कार्य भी हो रहल जइसन बुझाता ।
अश्लीलता के बाजार मे प्रतिस्प्रधात्मक रूप से आ रहल अइसन एक से एक श्लील गीतन के परिवार के साथे सार्वजनिक जगहन पर सुन सकेनी भा देख सकेनी । श्लील गीतन पर काम कर रहल हरेक गीत संगीत भा सिनेमा से जुडल ब्यक्ति लोग के प्रोत्साहन स्वरूप अइसन गीतन के देख के, सुन के, शेयर कर के आपन भाषा संस्कृति प्रति के जिम्मेवारी पूरा करत अश्लीलता पर काम करेवालन के निरुसाहित करे खातिर निर्माता राकेश यादव आपनवीरगंज से बात करत बतवले ।

