The biggest Bhojpuri digital media of Nepal

भोजपुरी देशभक्ति गीत एल्बम “सुन्दर शान्त नेपाल” के सांगीतिक लोकार्पण (भिडियो सहित )

वीरगंज, आषाढ़ २३।

नेपालीय भोजपुरी भाषा, साहित्य, संस्कृति आ समाज के क्षेत्र में काम कर रहल सर्वोत्कृष्ट नाम “नेपाल भोजपुरी समाज”, वीरगंज नेपाल के आयोजन में वीरगंज के आदर्श माध्यमिक विद्यालय “बाल मंदिर” में नेपालीय भोजपुरी में एगो भोजपुरी देशभक्ति गीत एल्बम “सुन्दर शान्त नेपाल” के सांगीतिक लोकार्पण भईल ।

नेपाल भोजपुरी समाज के सदस्य आ चर्चित समाजसेवी प्रकाश थारु के अध्यक्षता आ वीरगंज के मेयर विजय कुमार सरावगी के प्रमुख आथित्य में भोजपुरिया गीत-संगीत के तोफान से कार्यक्रम के शुरुआत भईल । कार्यक्रम में सभी विशिष्ट अथितिगण के साथे मेयर सरावगी दीप-प्रज्ज्वलित कईलन ।

ओकरा बाद मेयर सरावगी द्वारा बाल मंदिर में उपस्थित नामचीन हस्ती लोग के साथे उपस्थित सैकड़न लोगन के बीच उक्त एल्बम के लोकार्पण कईल गईल । इंटरनेट प भी ई एल्बम के लोकार्पण नेपाल के एकमात्र भोजपुरी online पत्रिका आपनवीरगंज.कॉम के YouTube पेज प कईल गईल, जेकर विडियो रउआ ईहा भी देख सकत बानी । 

९ गो गीत से सजल “सुन्दर शान्त नेपाल” देशभक्ति गीत एल्बम के गीतकार-निर्माता शिव सन्देश, गायक-संगीतकार अज़मत अली आ नेक महम्मद हुसैन रहल बाड़न । आपन ख़ुशी व्यक्त करत शुभकामना मंतव्य में मेयर सरावगी कहलन कि ई बड़ा सराहनीय काम भईल बा ।

गीतकार-निर्माता शिव सन्देश के शुभकामना देहत उहाँ कहनी कि आजकल के अधिकांश भोजपुरी गीत अश्लीलता से भरल रहेला। भोजपुरी गीत सुनके सड़क प चलत माई-बहिन के मूड़ी शरम से झुक जाला । ई एल्बम के गीत सुकून के सुखद अहसास दे रहल बा ।

भोजपुरी भाषा के विकास आ संरक्षण के प्रति वीरगंज महानगरपालिका आपन जिम्मेवारी बढ़-चढ़ के निभाई । उहाँ कहनी कि शिव संदेश जी के “सुन्दर शान्त नेपाल” एल्बम हिमाल, पहाड़ तराई के एक सूत्र में बान्हे में सफल होई ।

एहितरे विशिष्ट अथिति के रूप में उपस्थित केसीटीसी कौलेज के हिंदी विभागाध्यक्ष आ प्रसिद्द भोजपुरी खंड़काव्य ‘रमबोला’ के रचयिता साहित्यकार हरीन्द्र हिमकर नेपाल भोजपुरी समाज के ई आयोजन के सराहना करत कहलन “ वीरगंज जवन कि नेपाल में भोजपुरी के हृदयस्थली ह ऊहवाँ नवका पीढ़ी द्वारा भोजपुरी गीत-संगीत, भाषा-साहित्य में बड़ा नीमन काम हो रहल बा ।

” ई एल्बम के बारे में उहाँ कहनी “एक ओरी जहवाँ लोकप्रियता के मोह में फँस के भोजपुरी गीत फूहड़ता के शिकार हो रहल बा ऊहवाँ ई एल्बम के सभ गीत समाज प एगो सकारात्मक छाप छोड़े में सफल भईल बा । ई एल्बम के समूचा गीत-संगीत मधुर बा ।

लोकप्रियता के मोह त्याग के शिव सन्देश जी जवन शब्द संसार के रचना कईले बाड़न उ बड़ा साहस के काम बा । उहाँ बधाई के पात्र बाड़न । नेपालीय भोजपुरी में गीत-संगीत में “सुन्दर शान्त नेपाल” अमिट छाप छोड़ी ई आशा बा।” अज़मत अली, नेक महम्मद हुसैन, साउथ ज़ोन पब्लिक स्कूल, बिकन पब्लिक स्कूल द्वारा सांगीतिक प्रदर्शन से पूरा कार्यक्रम सराबोर भईल रहे ।

ई पूरा कार्यक्रम के सीधा प्रसारण आपन वीरगंज के फ़ेसबूक पेज, पब्लिक fm प भईल रहे। मेयर सरावगी द्वारा एल्बम के गीतकार-निर्माता शिव सन्देश, गायक-संगीतकार अज़मत अली आ नेक महम्मद हुसैन अंगौछि ओढ़ा के सम्मान कईल गईल रहे ।

सांगीतिक रंग से सराबोर रहल ई कार्यक्रम में विशिष्ट अथिति के रूप में बीपीसी कौलेज के निर्देशक आ समाजसेवी दीपक शाक्य, भाषाविज्ञ डाक्टर विश्वम्भर शर्मा आ युवा नेता ओम प्रकाश सर्राफ़ के भी उपस्थिति रहे ।

साहित्य क्षेत्र से लगभग सभ बड़का नाम जईसे कि कुमार सच्चिदानंद, सतीश झा ‘सजल’ प्रो. डाक्टर हरेराम ठाकुर, मोतिउरहमान, विनोद तिमिलसिना, निरंजन महतो, मनोज पटेल, मनोज मिश्रा, सानो पाईला से जय साह, अमेरिका से आईल क्रिस्टीन जिपर इत्यादि के ई कार्यक्रम में उपस्थित रहे। मीडिया क्षेत्र से पब्लिक fm के कार्यक्रम निर्देशक राजेन्द्र सिंह, भोजपुरी टाईम्स के श्रवण साह, कांतिपुर दैनिक के शंकर आचार्य, जगत राई जईसन सभेकेहू के उपस्थिति रहे ।

आपन समापन भाषण में कार्यक्रम के अध्यक्षता कर रहल प्रकाश थारु कहनी कि नेपाल भोजपुरी समाज ई कार्यक्रम के सफल आयोजन कके ख़ुशी महसूस कर रहल बा । २०२८ साल में स्थापित भईल ई संस्था नेपालीय भोजपुरी में भाषा, साहित्य, संगीत के क्षेत्र में काम कर रहल एकमात्र अविवादित संस्था बा ।

संस्था के संस्थापक-अध्यक्ष पंडित दीपनारायण मिश्र के मेहनत से सिंचाईल ई संस्था आगा भी शिव सन्देश जईसन युवा लोग के साहस बढ़ावे में योगदान करत रही । कार्यक्रम में उपस्थित होके शोभा बढ़ा देवे खातिर सबके प्रति उहाँ धन्यवाद व्यक्त कईनी। विशिष्ट अथिति लोग के प्रति विशेष रूप से उहाँ धन्यवाद व्यक्त कईनी ।

कार्यक्रम के अंत अज़मत अली आ नेक महम्मद हुसैन के युगल गीत “भोर हो गईल..” से भईल । सांगीतिक लोकार्पण के ई कार्यक्रम के सहजीकरण पोखरिया नगरपालिका के उप-मेयर आ नेपाल भोजपुरी समाज के सदस्य सलमा ख़ातून कईले रहनी ।

प्रतिकृया
Loading...