भोजपुरी पहुचल कॉमनवेल्थ गेम्स तक, भोजपुरी मे गइहे कल्पना

143

भारत, 9 मार्च ।

भोजपुरी सिनेमा के आन बान शान लोक गीत गायिका कल्पना कॉमनवेल्थ गेम्स में आपन सुर से भोजपुरी रङ्ग जमईहे । ई बात के खुलासा काल्हू कल्पना द्वारा अंतरराष्ट्रीय महिला दिवस के अवसर पर कईली ।

कॉमनवेल्थ गेम्स मे उ खास कर के ग्रामीण लोक गीत प्रस्तुत करत दुनिया के भोजपुरी के भोजपुरिया लोक गीत के परम्परा से अवगत करावे खातिर आस्ट्रेलिया जात बाड़ी । ४ अप्रैल से शुरु होखे जा रहल कॉमनवेल्थ गेम्स के क्लोजिंग सेरेमनी में आपन गायकी के जलवा देखावेवाल बाड़ी ।

रउआ लोग के बता दिआव की ई बेर के कॉमनवेल्थ गेम के आयोजन आस्ट्रेलिया के गोल्ड कोस्ट क्वीन्सलैंड में ४ अप्रैल से १५ अप्रैल तक चलेवाला बा । अन्तिम दिन होखे वाला समापन समारोह मे भोजपुरी लोक गीत गाएके अवसर कल्पना के मिलल बा ।

भोजपुरी के शेक्सपियर काहाए वाला भिखारी ठाकुर के जीवन पर ‘द लेगेसी ऑफ भिखारी ठाकुर’ के निर्माण करके वाहवाही कमा चुकल कल्पना भोजपुरी संगीत के प्रतिष्ठित पैडी फील्ड महोत्सव अउरी एमटीवी के कोक स्टूडियो तक पहुचईले बाड़ी ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here