भोजपुरी फिल्म “आर पार” के शुभ मुहूर्त कार्यक्रम धूमधाम के साथ पूरा भईल ।

169

अमित ठाकुर । रौतहट, १० सावन ।

समाज मे रहल बिकृति के न्यूनीकरण करे के उदेश्य से भोजपुरी भाषा के फिल्म “आर पार” बनावल जा रहल बा । यी फिल्म के शुभ मुहूर्त काल्ह रौतहट के गौर मे पूरा भईल बा ।

पत्रकार महासंघ रौतहट शाखा के सभा हल मे पूरा कईल गईल मुहूर्त कार्यक्रम मे फिल्म के बैनर सार्वजनिक करत प्रमुख अतिथि पत्रकार महासंघ रौतहट के आध्यक्ष रबीन्द्र साह मोमबती जरा के रोल, क्यामेरा, एक्सन क़हत शुरुवात कईले रहले ।

 सुधीर इंटरटेनमेन्ट प्रा. लि. के बैनर मे बने जा रहल फिल्म “आर पार” के निर्देशक जनक राम न्यौपाने करीहे । फिल्म मे स्थानीय कलाकार सूरज मिश्र, रणधीर सहनी नायक के भूमिका मे रहल बाड़े ओइसे ही पत्रकारी राही चंचल खलनायक के रोल आदा कर रहल बाड़े ।

नायिका के भूमिका मे श्वेता शर्मा बाड़ी ओईसी ही महिला कालाकारन मे एलिना भट्ट, किरण ठाकुर, अरुणा झा, तोहफा अर्चनम सहित के कलाकार लोग रोल आदा कर रहल बा ।

साथ मे पत्रकार अमित ठाकुर, राहुल सिंह, संतोष यादव, नेक मोहम्मद हुसैन, राम बिश्वास मुखिया, बीबेक राज, देव देहाती, दिलीप दिलदार, राजेश गुप्ता, पीन्टू श्रीवास्तव, गौतम झा, आपन अपन अभिनय के हुनर देखाई लोग ।

मुहूर्त कार्यक्रम मे शुभकामना मन्तब्य राखत प्रमुख अतिथि पत्रकार महासंघ रौतहट के अध्यक्ष साह फिल्म के उतरोतर प्रगति के साथ साथे कालाकार लोग के उज्ज्वल भविष्य के कामना कईले । साथ मे फिल्म मे पत्रकारिता क्षेत्र से भी पत्रकार संघतिया लोग अभिनय कर रहल बा लोग जेकरा कारण हम बहुते खुशी बानी बतवनी ।

कार्यक्रम मे फिल्म के नायक के भूमिका मे रहल सूरज मिश्र कहले हम ग्रामीण क्षेत्र से आइल बानी आ हमनी के समाज मे मौजूद रहल सामाजिक समस्या के ऊपर आधारित फिल्म बनावतानीसन क़हत एकर सफलता मे अपने सभन के सहयोग के आवश्यकता बा कहले ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here