बहुचर्चित भोजपुरी फिल्म निरहुवा चलल लंदन देशभर १५ फ़रवरी अर्थात फागुन ३ गते रिलिज हाे रहल

579

वीरगंज, माघ २९

बहुचर्चित भोजपुरी फिल्म निरहुवा चलल लंदन १५ फेवरी अर्थात फागुन ३ गते रिलिज होखेवाला बा । अभि तक के सब से जादा लगानी मे बनल ई भोजपुरी फिल्म रिलिज २५ जनवरी के होखेवाला रहे लेकिन ना होखे सकल ।

भारत के विहार, यूपी, झारखण्ड, मुंबई, दिल्ली आ गुजरात सहित नेपाल में एक साथ रेलीज़ होखेवाला ई फिलिम तय समय के बेर जादा ठन्डी भईला से रिलिज के समय बढावल गइल वतावल गइल बा । जुबलीस्टार दिनेश लाल यादव निरहुआ आ अम्रपाली दूवे के फिल्म दर्शक के खुब इंटरटेनमेंट करावे के समेत दाबी कइल गइल बा ।

फिल्म के सूटिंग भारत के मुंबई, नेपाल आ लंदन लगायत के ४ गो देशन मे भईल बा । निरहुवा आ अम्रपाली के लूक के साथे ई फिल्म लोकेसन सब के बॉलीवुड लूक देहल गइल बा अउरी नेपाल के बेहतरीन लोकेशन पर फिल्मवाल गइल बा । ई फिल्म के दर्शक बिच बहुती दिन के प्रतीक्षा के वाद रिलिज होखे के किटान भइल बा ।

फिल्म नेपाल मे वीरगंज के श्रीराम हल, बजरंग हल लगायत काठमाडौँ सहित नेपाल भर ४० हल में एक साथ गोपी कृष्ण, गुण, अस्तनारायण, गंगा, कलंकी, बाराही, मयुर, पोखरा, नारायणघाट, चितवन, नवलपारासी, बुटवल, भैरहवा, आशा हल जनकपुर, गुप्ता कलैया, पुष्प टाकिज, बाबा बिराटनगर, जितपुर, भिस्म सर्लाही, गौशाला, लालबंदी ,लाहान ,झुम्का, बर्दिबास, इनरवा, बिर्तामोड , इटहरी , हेटौडा , नेपालगंज , दाङ्ग , तुलसीपुर , महेन्द्रनगर आदि में लागे वाला बात फिलिम के सह-निर्माताद्वय सूरज खड्का के हावला देत श्रीराम हल के संचालक हरिबंश कुमार गुप्ता बतईनि ।

इंडिया ई कॉमर्स लिमिटेड आ पशुपति प्रॉडक्शन के ब्यानर तले बनल फिल्म में नेपाली प्रोड्यूसर सोनू खात्री, सूरज खड्का, यज्ञ राज घिमिरे आ डायरेक्टर चंद्रा पंत रहल बाड़े त फिलिम के को-प्रोड्यूसर भारत के वर्ल्डवाइड रेकॉर्ड रहल बा । नेपाली सिनेमा के दिग्गजद्वय सुनील थापा, सबीन श्रेष्ठ, राम मगर आदि कलाकर लोगन के बेजोड़ अभिनय रहल बतवल गइल बा ।

फिलिम में भोजपुरी सिनेमा के स्टार निरहुआ आ आम्रपाली के संगे चर्चित कलाकार मनोज टाइगर, किरण यादव सहित के अभिनय रहल बा । फिल्म के राइटर संतोष मिश्रा अउरी संगीतकार मधुकर आनंद बाड़े ।

करीब ४ करोड़ नेपाली रोपेया के लागत में तैयार भइल फिल्म के लोकेशनसब नेपाल के मुस्तङ्ग, पोखरा, सिमरा सहित लंदन आदि जगह पर बेहद खूबसुरति से फिल्मावल गइला से फिल्म के ट्रेलोर आ ‘गोरी तोहार कमर लचकउआ ‘ अउरी ‘चेहरा तोहार’ गीत खासा चर्चा में रहल बा, खूब पसन्द भी कईल जा रहल बा  । ओइसे फिलिम में ७ गो रोमांटिक गाना बाटे जेकरा के सोशल मीडिया यूट्यूब पर बेहद पसंद कईल जा रहल बा ।

फिल्‍म में  निरहुआ आ आम्रपाली के रोमांस लंदन तक पहुंचल देखावल गइल बा । जब लंदन के लड़की भोजपुरिया जवार में आवेली तब ईहा गांव के लड़का निरहुआ से प्‍यार होजाला आ एकरा बाद का होला ई जाने खातिर आपन नियरा के सिनेमा हल में इहे शूकरवार जाके फिल्‍म देखे के होई, श्रीराम के संचालक गुप्ता बतवनि ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here