भोजपुरी फिल्म ‘निरहुवा चलल लंदन’ के शूटिंग पांच देश मे, दर्शक से ट्रेलर काफि पसन्द

452

दिल्ली //
इन्टरनेट पर हिन्दी फिल्म के तरह अब भोजपुरी फिल्म के भी ट्रेलर पंसद कइल जा रहल बा । एही क्रम मे भोजपुरी फिल्म के मशहुर एक्टर दिनेश लाल यादव के बहुचर्चित फिल्म ‘निरहुवा चलल लंदन’ के ट्रेलर युट्यूब पर दर्शक से काफि पसन्द कइल गइल बा । फिल्म के ट्रेलर मे निरहुवा बहुती दमादार अवतार मे नजर आरहल बाडन त उनकर साथ देत एकट्रेस आम्रपाली दुबे भी शानादार एक्टिंग करत नजर आरहल बाडी ।


मुंबई, नेपाल, लंदन सहित पांच देश मे फिल्म के शूटिंग कइल गइल बा । पशुपतिनाथ प्रोडक्सन के ब्यानर पर बनल फिल्म ‘निरहुवा चलल लंदन’ के निर्माता बाडन त सह निर्माता सोनू खत्री बाडन । वल्र्ड वाइड रिकर्डस आ प्रस्तुतकर्ता अनिल काबरा बाडन । फिल्म के शूटिंग चार अलग अलग चरण मे मुंबई, नेपाल आ लंदन सहित कई देश मे कइल गइल बा ।

भोजपुरी सिनेमा मे भी निरहुवा के साथ इ फिल्म मे काफी हिट आम्रपाली के जोडी लाग रहल बा । फिल्म मे निरहुवा के साथ आम्रपली बेहद अलग अंदाज मे देखाई देवे वाली बाडी । फिल्म के ट्रेलर २६ फरवरी के यूट्यूब पर अपलोड कइल गइल रहे अभि तक ६२ लाख १८ हजार २ सय ५६ आदमी देखलेले बा ।

 

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here