“भोजपुरी सांगीतिक साँझ” शनिचर के सँझियाँ अादर्शनगर, वीरगंज में आयोजन होई

303

वीरगंज, २५ कुवार ।

नेपाल भोजपुरी समाज, वीरगंज के आयोजन में ईहे कुवार २७ गते शनिचर के सँझियाँ ५ बजे से भोजपुरी भाषा, साहित्य अउरी संगीत के प्रवर्द्धन खातिर सांगीतिक कार्यक्रम होखे जा रहल बा ।

“भोजपुरी सांगीतिक साँझ” नाम देहल कार्जक्रम में नेपाल भोजपुरी समाज के सधल गायकन-संगीतकारन द्वारा मनमोहन प्रस्तुति होखे के आजु पत्रकार सम्मेलन  मार्फत जानकारि करावल गईल बा ।

पब्लिक एफएम के परिसर में भईल पत्रकार सम्मेेलन मे बोलत नेपाल भोजपुरी समाज के सचिव रितु राज पटेल परसो होखे जा रहल कार्जक्रम के बारे में जनसमुदाय में जानकारी करावे खातिर पत्रकार सब से अनुरोध करत सांगीतिक कार्यक्रम खुल्ला रुप में आदर्शनगर चौक पर ग्रीन सिटी सामुदायिक सेवा केन्द्र, वीरगंज महानगरपालिका अउरी सानो पाइला के सहयोग में  होखे के जानकारी  करइनी  ।

हिन्दु सब के महान पर्व दशहरा, दिपावली अउरी छठ के उपलक्ष्य में आपन मौलिक आ अश्लीलता मुक्त भोजपुरी गीत-संगीत के कार्यक्रम के माध्यम से प्रस्तुत होखे के जनावल गइल बा । पूरा कार्यक्रम ५ बजे शुरू होके २ घंटा के भितर खतम करेके लक्ष्य रहल बतावत सचिव पटेल कहनी की ई आउर भोजपुरी कार्यक्रम से अलग आ पूर्ण रूप से मौलिक कार्यक्रम होखे वाला बा । ‘पूर्ण रूप से श्लील आ मौलिक भोजपुरी गीत-संगीत के साथे नयाँ गायक-गायिका लोग के संघे नेपाल भोजपुरी समाज के सदस्य लोग द्वारा ही पूरा कार्यक्रम में सहभागिता रही’, पटेल आगे कहनी ‘कार्यक्रम के संयोजन समाज के ही सह-सचिव आ संगीतकार अजमत अली अंसारी के नेतृत्व में हो रहल बा ।’

पत्रकार सम्मेलन के अध्यक्षता करत समाज के उपाध्यक्ष धुर्व  सिंह ठकुरी  ‘नेपाल भोजपुरी समाज’ के स्थापनाकाल से अभिन तक होत आइल कार्यक्रम सब आ नेपालीय भोजपुरी भाषा-साहित्य के प्रवर्धन में समाज द्वारा निभावल गइल सकारात्मक भूमिका के चर्चा करत परसो सझीयाँ होखे वाला कार्यक्रम में आवेके निहोरा आम जनसमुदाय से कईनी ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here