भोट ना देहला के चल्ते वडा अध्यक्षद्वारा बेटीके विवाह के दिने हि डोजर लगाके घर भतकावल गइल : पिडित

2648

पर्सा, २० बईशाख ।

पर्सा के जगरनाथपुर गाँवपालिका के वडा नं. १, पिरारी गुठी मे एक आदमी के घर उनकर बेटी के विवाह के दिने हि डोजर लगाके भतकावल गइल बा । वडा अध्यक्ष मगरु राउत गद्दी द्वारा सडक सरसफाई के नाम पर स्थानिय नन्दु महतो नुनिया के घर विवाह के दिने ही डोजर लगाके भतकावल गईल पिडित बतइले बाड़न ।

मेन रोड से करिब ४० मिटर भितर रहल घर विवाह के दिने ही डोजर लगा के भतकइला के चल्ते विवाह के कार्यक्रम दोसर ठाइन से करेके परल पिडित के माई डोमनी देवी दुःख व्यक्त कईली । उनकर कहनाम रहे की स्थानिय चुनाव मे भोट ना देहला के चल्ते वडा अध्यक्ष द्वारा बदला लेहले हँ ।

हमनी सब विवाह के धुन मे रहनी, घर मे वियाह के तयारी होत रहे ओही समय मे वडा अध्यक्ष के बेटा सफरोदिन राउत गद्दी द्वारा डोजर लगाके घर भतकावल गइल बतइली । हमनी सब रोअत उनकरा से आजु भर छोड देवेके, वियाह के बाद नाहोई त हमनी घर हटालेम तक के बिनती कईला के बादों ऊ ना मानल पीड़ित बतइली ।

स्थलगत रिर्पोटिङ के क्रम मे पुग्ला पर नेकपा एमाले से निर्वाचित वडा अध्यक्ष मगरु राउत द्वारा प्रहरी के बल प्रयोग करत घर भतकावल गइल स्थानिय लोग के कहनाम रहे । बईशाख १६ गते नन्दु के बेटी के बरात आवेवाला रहे ओही दिने डोजर लगाके घर भतकावला से सामाजिक मान प्रतिष्ठा पर भी खल्ल पुगल स्थलगत रिर्पोटीङ के क्रममे भेटल नेपाली काङग्रेस के नेता समेत रहल स्थानिय सहरुम राउत गद्दी आपन वीरगंज से बात करत बतइलन ।

वडा अध्यक्ष से पदिय दायित्व के दुरुपयोग कइल गइल उनकर प्रतिक्रिया रहे । आपन पतोह गाँवपालिका के उपाध्यक्ष समेत रहल बा बाक़िर ओकरा के ई बिषय मे वडा अध्यक्ष से कवनो किसिम के जानकारी नाआईल उनकर कहनाम रहे ।

पिडारी गुठी गाँव के सब मुस्लीम समुदाय के बसोबास रहल बतावत एगुरे मात्र हिन्दु के घर भइला से ओकरा उपर अइसन काम भइला से कही सामाजिक सदभाव भडक ना जाए अपना डर रहल समेत बतइलन । विवाह के समय मे घरे पहुनी सब आइल बा मगर घर नइखे ओहु मे पानी परला पर समस्या होरहल आ बच्चा सहित बाहर ही सुतेके परल पिडित लोग के दुखड़ा रहे ।

गांवपालिका के निर्णय विपरित काम, कार्वाही होई : गांवपालिका अध्यक्ष
ई बिषय मे गाँवपालिका अध्यक्ष से बुझला पर गाँवपालिका अध्यक्ष, उपाध्यक्ष लगायत गाँव कार्यपालिका के सदस्य सब के विना जानकारी वडा अध्यक्ष से मनोमानी काम कइल गइल बतइलन । अपना से खुदे जा के जहां १० फिट के रास्ता बा उहां १८ फिट नाप के चिन्हा लगा के अइला पर भी वडा अध्यक्ष से भोट ना देहल ब्यक्ति के ४० फिट भितर रहल घर भतकाल कार्य गलत भइल बा, हमनी सब तुरुन्त बोर्ड के बइठक बइठ के वडा अध्यक्ष के कर्वाही करेम आ उ ब्यक्ति मार्फत खर्च होखेवाला बजेट भी रोकेम गाँपालिका अध्यक्ष जालिम मियाँ बतइलन ।

वडा अध्यक्ष से पदिय दायित्व के दुरुपयोग, विकास के नाम पर विनास : सांसद कर्ण
रास्ता हि ना रहल ठांव मे भोट ना देहला के टेट मे वडा अध्यक्ष द्वारा वदला लेहल गइल राजपा नेपाल के सह-अध्यक्ष समेत रहल क्षेत्र नं. ४ से निर्वाचित प्रतिनिधि सभा सदस्य (सांसद) लक्ष्मण लाल कर्ण बतइलन । अनुगमन के क्रम मे भेटल सांसद कर्ण वडा अध्यक्ष से पदिय दायित्व के दुरुपयोग करत बिकास के नाम पर बिनास कइल गइल उनकर कहनाम रहे ।

गल्ती स्वीकार, नोक्सानी बेहोरेम : वडा अध्यक्ष
ई बिषय मे वडा अध्यक्ष मंगरु राउत से बुझला पर रास्ता के सरसफाई के काम अपना से कइल बतइलन । वडा कार्यालय के निर्णय मुताबिक ७ दिने सुचना कइला पर भी सडक पर परल घर ना हटावला से डोजर लगाके हटावल गइल बतइलन । ओही क्रम मे एगो गल्ती भइल भी स्वीकार करत पिडित से आपसी समझदारी करत क्षतिपुर्ति व्यहोरे के समेत बतइलन । ओही दिने विवाह बा पता ना भइला से ओइसन भइल उनकर कहनाम रहे ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here