भौतिक पूर्वाधार बिकास मन्त्री सोनल द्वारा बारा के बिधालय मे साइकल बितरण

48

वीरगञ्ज, २२ आसार । बिमला गुप्ता ।

प्रदेश नम्बर २ के भौतिक पुर्वाधार विकास मन्त्री जितेन्द्र सोनल आपन संसदीय क्षेत्र मे छात्रासब के खातिर साइकल वितरण कईले । मन्त्री सोनल आपन संसदीय विकास कोष से बारा क्षेत्र नम्बर ४ मे रहल उच्च मावि के छात्रा सभन के साइकिल वितरण कईले बाडन ।

बारा के फेटा गावँ पालिका मे रहल नेपाल राष्ट्रिय मावि के प्राङण मे एतवार के कार्जक्रम के आयोजना करत उहाँ के उच्च मावि मे अध्यनरत जेहेन्दार छात्रा सभन के साईकल बितरण कईनी ।

उहे कार्जक्रम मे मन्त्री सोनल कक्षा ६ मे अध्यनरत एक दलित अपाङ छात्र के तीन चक्का वाला स्कुटी तक देहनी । गर्मीके मौसम के मध्यनजर करत स्कुल के खातिर २ सय सिलिङ पङ्खा भि मन्त्री सोनल कार्जक्रम मे वितरण कईनी ।

प्रदेश नम्बर २ के भौतिक पूर्वाधार तथा विकास मन्त्री जितेन्द्र सोनल वितल दिन मे देश मे लम्बा समय राजनीतिक तरलता से गुजर रहला से विकास मे पछुवाईले बतवनी ।

उहाँ के अब आवेवाला दिन मे विकास निर्माण आ देश के समृद्धि के प्राथमिकता के साथ आगे बढावेके जिम्वारी तीन तहके हि सरकार के काँधा मे आईल कहनी ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here