भ्रष्टाचार कर के सम्पति कमाएवाला ब्यक्ति के ना छोडल जाई – अख़्तियार प्रमुख घिमिरे

91

वीरगंज, ०९ जेठ ।

अख़्तियार दुरुपयोग अनुसन्धान आयोग के प्रमुख आयुक्त नवीन कुमार घिमिरे भ्रष्टाचार आ भ्रष्टाचारी उपर अख़्तियार निर्ममता तरीका से पेश आई बतवले ।

काल्ह बुध के दिने उद्धोग बणिज्य संघ के आयोजना मे भईल स्वागत आ भेटघाट कार्यक्रम मे अख़्तियार प्रमुख आयुक्त घिमिरे अख़्तियार बितल समय मे ठेकेदार लोगके ठेका लेवे के आ समय मे काम ना करे के आदत बढ़त जा रहल बतवले । घिमिरे कहले हमनी अइसन काम पर नियन्त्रण करे पर केन्द्रित भइल बानी ।

हमनी के देश भर के १ हजार ८ सय ४८ गो  ठेक्का बिश्लेषण कईले बानी क़हत, घिमिरे बतवले लगभग १ खरब १२ अरब पूंजी निर्माण के काम रहल आ २४ अरब रोपेया ठेकेदार के हात मे बा । दोसर बात पर प्रमुख आयुक्त घिमिरे बतवले सार्वजनिक जमीन हड़प के अपना नाम पर दर्ता करवले जे भी आदमी बा उ लोग भी अख़्तियार अनुसन्धान के प्रक्रिया मे बा लोग बतवले ।

ललिता निवास के बहूचर्चित घटना प्रति अख़्तियार निर्ममता के साथ पेस हो रहल दोहरावत उ कहले देश के ठगेवाला, भरष्टाचार कर के अकूत सम्पति कमाएवाला चाहे कोई काहे ना होखों , केतनों बाडका आदमी काहे ना होखों ना छोडल जाई बतवले ।

हमनी कानून के हिसाब से ओइसन आदमी आ चाहे संस्था के कानूनी करवाही करे मे कौनों किसिम के कसर ना छोडेम घिमिरे बतवले । वीरगंज मे भी कुछ सार्वजनिक जमीन के बिषय अख़्तियार के नजर मे बा बतवले । श्रोत अंकुशडेली डट कम

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here