मच्छर भागावे लाय लगावल घूर से पोखरिया मे आगलागी, बकरी भईस जरल

309

वीरगंज २७, भादो ।

मच्छर भागावे लाय बारल गईल घूर सुलग के पर्सा के पोखरिया नगरपालिका मे एगो भुसौली मे आगलागी भईल बा । आगलागी से भुसौली मे बानहल ८ गो पोसुवा जनावर के साथ साथे भुसौली भी जरल बा ।

पोखरिया नगरपालिका – १० शिववार्वा रामपृत राउत कुर्मी के खर से छावल फूस के भुसौली मे आगलागी भइला से ३ गो भईस के पाड़ा आ पाड़ी, १ गो भईस, ४ गो खसी बकरी जर के मर गईल बा । एगो भईस जर के बहुते घायल अवस्था मे बा ।

पर्सा प्रहरी के हिसाब से मानवीय क्षति नईखे भईल । आगलागी से करीबन ३ लाख ५० हजार बराबर के क्षति भईल बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here