मच्छर से आतंकित जनकपुरिया लोग के सांकेतिक बिरोध, समय पर स्थानीय निकाय सचेत ना होई त भीषण आन्दोलन के चेतावनी

108

राजेश अभिराज यादव

जनकपुर, ०२ चईत

मच्छर आ गन्दगी के खातिर परिचित जनकपुरधाम के युवाशक्ति लोग आज जनकपुर में स्थानीय सरकार के बिरोध करते परिवर्तन खातिर युवा अभियान आ जानकी युवा क्लब आज सबेरे से मच्छरदानी ओढ़ के सांकेतिक बिरोध कईले लोग |

जन निर्वाचित मेयर आ वाड अध्यक्षलोग जनता के सुख सुबिधा के कौनो ध्यान नईखे लोग देत आरोप अभियान संयोजक शुशील कर्ण आक्रोश देखवले |

कर्ण के अनुसार अभिन हरेक वाड में मच्छर आतंक बा पर वाड अध्यक्षलोग आ मेयर अनदेखा कईला के कारण बाध्य होके सांकेतिक बिरोध में उतरल बतवले |

समय में अगर दवाई ना छिरकल गईल त अनेकन बेमारी बढे के संभावना हो सकता एह प्रति चिंता ब्यक्त स्थानीय आशा साह कईली |

जानकी युवा कमिटी के अध्यक्ष बिट्टू पंजियार के अनुसार “ यदि मेयर अब भी मच्छर के दवाई ना लीयईहे त कडा से कड़ा आन्दोलन करे के चेतावनी देतानी” कहले |

चुनाव के समय नरम नरम बात करे के आ काम के बेरिया पीठ देखावे वाला मेयर के हमनी सचेत करावे के चाहत बानी, सांकेतिक बिरोध कार्यक्रम में बोलत क्लब के महासचिव मोहन रौनियार जानकी मंदिर के प्रणागन में आपन आक्रोश देखवले |

सांकेतिक बिरोध कार्यक्रम के क्रम में युवा आ स्थानीय लोग मच्छर आ गन्दगी सफाई सम्बन्धी नाटक समेत मंचन कईले लोग |

 

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here