मधेशी पहिरन मे ही सपथ लेलन पर्सा के संसद लोग । भोजपुरी मे सपथ लेवेवाला सांसद के संख्या ६ रहल ।

239
फोटो साभार - कान्तिपुर

काठमांडू, फागुन २०

निर्वाचन भइला के तीन महिना बाद संघीय संसद् के निर्वाचित सदस्य लोग आजू आपन मौलिक भेषभूषा मे शपथ लेहले बा लोग । शपथ लेवे आईल सांसद लोग नयाँ बानेश्वरस्थित संघीय संसद भवन मे गोट भईल रहे लोग । सांसद लोग नेपाली सहित जातीय पहिचान झल्केवाला आपन आपन पहिरन मे सजधज के संसद भवन पुगल रहे लोग । आजु के कार्यक्रम मे जेष्ठ सदस्य महन्थ ठाकुर सांसद लोग के सपथ दिलाइले रहनी। ओसे पहिले ठाकुर खुदे राष्ट्रपति भवन शीतल निवास मे राष्ट्रपति से सपथ लहले रहनी ।

आजु के सपथ ग्रहण मे चार सांसद लोग अनुपस्थित रहे लोग ।माओवादी के टोपबहादुर रायमाझी अउरी धर्मशिला चापागाईँ के साथे रेशम चौधरी औरी महेन्द्र राय यादव अनुपस्थित रहे लोग । यादव के सपथ बिहान होई ।

आपन आपन भेषभेषा मे सज्जल सांसद लोग मे पर्सा जिल्ला क्षेत्र न. १ से निर्वाचित सांसद प्रदीप यादव मधेशी पहिरन मे सजधज के उपस्थित भइल रहे ।

सांसद लोग मे से भोजपुरी मे सपथ लेवेवाला सांसद के संख्या ५ पहुचल बा । पर्सा जिला से निर्वाचित सांसद प्रदीप यादव, विमल श्रीवास्तव, हरिनारायण रौनियार लोग भोजपुरी मे सपथ लेहले बा लोग । उहवे पर्सा-४ से निर्वाचित सांसद लक्ष्मण लाल कर्ण हिन्दी मे सपथ लेहले बानी । ओइसही बारा के सांसद एकवाल मियाँ, रामबाबु कुमार यादव, रामसहाय प्रसाद यादव भोजपुरी मे सपथ लेले बानी लोग।

 

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here