मधेश मुद्दा पर बनल फिलिम ‘भोर’ बैशाख मे रिलीज होई

308

राजेश अभिराज यादव । जनकपुरधाम, २१ फागुन

नेपाली फिलिम झोला के एतिहासिक सफलता के बाद झोला टिम के ही कम्पनी मिडिया फोर क्लचर व्यानर के दोसर प्रस्तुती “भोर” दि फस्ट लाइट बैशाख २१ गते रिलिज होई फिल्म के निर्देशक यादव भट्टराई बतवनी ।

करिव दु वर्ष मधेश मे ही रहके निमार्ण कईल फिलिम भोर मधेश के विद्ययमान विकराल समस्या के रुप मे रहल दहेज प्रथा के मुख्य विषय वस्तु बनाके फिलिम निमार्ण कईल बतावल गइल बा ।

मधेश के जनजिवन पर आधारित ऐह फिलिम मधेश के हरेक कथा, व्याथा अउरी परिस्थिती के उत्कृष्टता के साथ देखावल गईल निर्देशक भट्टराई बतवनी ।

भट्टराई द्वारा निर्देशन कईल कृष्ण धाराबासी के कथा पर आधारित फिलिम झोला सती प्रथा पर आधारित रहे आ निमार्ण टिम द्वारा एतिहासिक सफलता प्राप्त कईल निर्माता/नायक राज तिमल्लसिना बतवनी ।

झोला से भी दोब्बर मेहनत ई बेर हमनी के टिम कइले बा अउरी ई फिलिम झोला से बहुते बड़का एतिहासिकता प्राप्त करी निर्माता तिमल्लसिना के दाबी रहे ।

फिलिम भोर के कार्यकारी निर्माता देवेन्द्र सुबेदी फिलिम भोर मे हमनी के मूलुक के हरेक तिन घर मे से एक घर के कथा रहला के करते दर्शक लोग निर्बाध रुपसे फिलिम के देखि लोग निर्माता सुबेदी के दाबी रहे ।

फिलिम भोर मे मधेश के सुप्रसिद्ध कलाकार लोग रामनारायण ठाकुर, डली सरकार, राजेश सक्सेना, वि.एन. पटेल, अनिता रानी मंडल, सुनिल मिश्र, मदन ठाकुर, प्रमेश झा अउरी रेखा झा लगायत कलाकार लोग के अभिनय रहल बा ।

कथा कृष्ण धाराबासी अउरी निर्दशक यादव भट्टराई के रहल बा त निर्माता देवेन्द्र सुवेदी, राज तिमल्लसिना अउरी रामगोपाल थापा रहल बा लोग । फिलिम मे गित अशोक दत्त आ संगित प्रबेश मल्लिक के रहल बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here