मधेश में शीतलहर से जनजीवन प्रभावित, पारा ७ डिग्री तक गिरल

    231

    वीरगंज, ५ पुस ।

    जाड़ा के मौसम के सुरुवात सङ्गे पर्सा, बारा लगायत तराई-मधेश में शीतलहर सुरु भईल बा। एक ओर ठंडी बढ़त बा त दोसर ओर कड़ा धुन्ध के सङ्गे हावा भी चल रहल बा, एसे समूचा तराई – मधेश के एरिया में शीतलहर सुरु होगइल बा ।

    बितल सोमार से जाड़ ज़ोर से लागल सुरू भईल रहे माकिर काल्हू बुध से कड़ा धुन्ध सङ्गे हवा बहला से चारु ओरिया कूहा घेरल के स्थिति बनल बा जेकरा चलते जनजीवन कष्टकर होत जा रहल बा । वीरगंज के तापक्रम मंगर के सबेरे ६ से ८ डिग्री सेल्सियस रहल त आजू बियफे के न्यूनतम तापक्रम ८ से १२ डिग्री सेल्सियस रहे के मौसम विज्ञान शाखा से जानकारी मिलल बा ।

    सबेरे सबरे कूहा घेरला से ठंडी बढला बाद वीरगंजवासी के चहलपहल में भी नकारात्मक असर पड़ल बा । सबेरे मॉर्निंग वॉक करे निकले वाला स्थानिय के संख्या में समेत कमी आईल बा । ठंडी के कारण बजार क्षेत्र में भी लोगन के सक्रियता में कमी आईला से बीजनेज-ब्यापार में कमी आईल देखल जा रहल बा ।

    ठंडी बढला से वृधवृद्धा, बालबालिका आ आशक्त लोग जादा प्रभावित भईल बाड़े । जाड़ से जादातर दम के रोगी, वृद्धवृद्धा अउरी बालबालिका के असर परेवाला भइला से सर्वसाधारण लोग ठंडी से बचे खातिर गरम लाता-कपड़ा आ गरम तरल चीज के सेवन करे के चिकित्सक लोग के सुझाव बा।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here