मधेस के संस्कृतिक नाच झिझीया देख के ६८ देश के प्रतिनिधि भईले अचम्भीत…

194

काठमाण्डू, १३ कातिक ।

कातिक सात गते काठमाण्डू के सिंहदरबार मे रहल अन्नपूर्णा होटल मे “टिच फॉर अल ग्लोबल कान्फ्रेंस” होखत रहे ६८ गो देश के लागभगचार सय से भी बहुति प्रतिनिधियन के सहभागिता रहे ।

ओह कार्यक्रम मे जनकपुरधाम नियरे के गांव मिथिलेश्वर मौवाही के ५ गो लईकी लोग मधेस के पहिनावा मे सजधज के सहभागी रहे लोग । दश से पनरे बरिस के उमर के लइकीयन के समूहिक प्रस्तुति मे झिझिया नाच आयोजन भईल जेकरा के देख के कार्यक्रम मे सहभागी सभे प्रतिनिधि हक्काबक्का रह गईल लोग ।

श्री माध्यमिक बिधालय मिथिलेश्वर मौवाही के उ पाच लइकी मधेस के लोक संस्कृति के झिझिया नृत्य प्रस्तुत कईले रहे लोग । उ लोग के नाच देख के सहभागी सभे प्रतिनिधि लोग बहुते तारीफ कईले रहे लोग ।

यी नृत्य समूह के संयोजक रहली अनीता शर्मा । कुछ साल से “टिच फॉर नेपाल” फ़ेलोशिप मे मिथिलेश्वर मौवाही मे पढ़ा रहल बिराटनगर के शिक्षिका शर्मा के काम के सभे कोई बहुते तारीफ कईले लोग ।

गांव के लइकी सब भी बहुते प्रतिभावान होले माकिर उ लोग के आपन प्रतिभा देखावे के काबो मौका ना मिलला से उ लोग आज ले पिछड़ल बाड़े । मधेस के कला संस्कृति के बिकास आ बिस्तार बहुते आवश्यक बा क़हत शिक्षिका शर्मा मधेस मे झिझिया के पौराणिकता के बारे मे प्रतिनिधियन के बतवली ।

झिझिया नृत्य मे सहभागी रागिनी कुमारी ठाकुर, गीतांजली कुमारी पण्डित, चन्द्रिका कुमारी राऊत, ज्योति पण्डित आ पुजा कुमारी पण्डित नृत्य प्रस्तुत कईले रहे लोग । कार्यक्रम के आयोजना “टिच फार नेपाल” कईले रहे । श्रोत हुलाकीन्यूज

 

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here