मध्य तराई मे आजू परल पत्थर-बारखा से अन्नबाली के क्षति (फोटो फीचर)

126
रौतहट मे आजू परल पत्थर संघे बरखा के दृश्य

वीरगंज, चैत १६

आजू सबेरे परल बुनी संघे के पत्थर से मध्य तराई के बारा, पर्सा, रौतहट आ सर्लाही मे अन्नबाली पर जबरजस्त नोक्सानी भइल बा । सबेर करीब ९:३० बजे करिया बादल संघे आन्ही से सुरू भइल बरखा आ पत्थर से पर्सा के पश्चिमी क्षेत्र जादा प्रभावित भईल बा । आजू के आन्हीवाला बरखा से आम के मोजर टिकोरा दलहन तेलहन गहू लगायत के अन्नबाली पर भरी नोक्सानी भईल बा । इहे हाल कमोवेश बारा आ रौतहट के रहल बा ।

छिपहरमाई गाऊपालिका पर्सा मे पत्थर परला से बर्बाद भईल आम के मोजर,टिकोरा

रौतहट मे भी आजू सबेरे परल लगातार के बरखा पत्थर के करते रौतहट के उत्तर क्षेत्र मे गाव के जनजीवन प्रभावित भईल बा। अचानक मौसम परिवर्तन भईला से पत्थरवाला बरखा से चपुर,गरुडा,मिठुअावा,पिप्रा,मत्सरी गाँव सब मे करोड़ो बरावर के आँप, लिची, गहुँ, मसुरी, खेसारी लगायत के बालीसब के नोक्सन भईल बा ।

लगातार के बरखा संघे आइल पत्थर के परला से कवनों मानबीय क्षति ना भईल बाक़िर सबेरे खेत खरिहान मे काम करे गइल लोग समान्य चोट लागल बा । उत्तर ओर से मौसम परिवर्तन होत रौतहट जिल्ला के अनेकन जगह पर लगभग ३० मिनेट तक लगातार पत्थर आ भरी बरखा से इहवा के उत्तर के गाँव सब मे भारी नोकसानी भईल बा । पत्थर से लोग के घर के खपडा तक फोड देले बा ।

रौतहट मे पत्थर परला के दृश्य

 

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here