मनोमानी ढङ्ग से सरुवा कईला के खिलाफ नर्सिंग क्याम्पस वीरगंज मे तालाबन्दी

83

फागुन २१, वीरगंज ।

त्रिभुवन विश्वविधालय के वीरगंज नर्सिंग क्याम्पस विर्ता,वीरगंज मे मनोमानी तरीका से कर्मचारी के सरुवा कईला के खिलाफ आजू से तालाबंदी भईल बा । त्रि. वि. कर्मचारी संघ क्यपस इकाई समिति के सचिव हृदेश प्रसाद चौरसिया के काज सरुवा कईला के बिरोध मे क्याम्पस के प्रशासन भवन मे तालाबन्दी कईल गईल बा ।

निज चौरसिया के काज सरुवा फिर्ता करे खातिर क्याम्पस प्रमुख के बेर बेर मौखिक रूप से कहला के बावजुदो उक्त मुद्दा पर कवनों सुनुवाई ना भईला के करते बाध्य होके तालाबन्दी कईल गईल कर्मचारी संघ इकाई क्याम्पस द्वारा निकालल गईल प्रैस विज्ञप्ति मे जनावल गईल बा ।

आजु से सुरू भईल तालाबंदी मे सम्पूर्ण प्रशासनिक काम काज के रोकल गईला पर भी क्याम्पस के पठन पाठन कार्यक्रम मे कवनों बाधा नईखे कईल गईल बतावत कर्मचारी संघ इकाई समिति के उप-सभापति बृजभूषण प्रसाद चौरसिया कहनी की निज चौरसिया के सरुवा मनोमानी ढङ्ग से भईल बा । कर्मचारी संघ के विधान के मुताबिक कर्मचारी के सरुवा करे से पहिले संघ से राय सल्लाह लेवे के चाहि, जब तक कर्मचारी के आवश्यकता रही तब तक सल्लाह कईला बिना सरुवा ना करे के नियम रहला के बावजूदो मनोमानी ढङ्ग से ऊहा के सरुवा कईल के बिरोध मे उतरेके परल उप-सभापति चौरसिया आपन वीरगंज के बतवनी ।

कर्मचारी के सरुवा क्यपस प्रमुख के सिफारिस बिना रजिस्ट्रार नईखे कर सकत माकिर ई बात क्याम्पस प्रमुख नईखी स्वीकारत, आईसन मे क्यपस प्रमुख के बिना स्वीकृति से कर्मचारी के सरुवा कईसे हो गईल क़हत भितारिया तरीका से सरुवा कईल गईल बा, ओहिसे कर्मचारी संघ इकाई क्यपस से आबद्ध सभी कर्मचारी एकर खिलाफ मे उतरल जनावल गईल बा।

त्रि. वि. कर्मचारी संघ क्यपस इकाई समिति वीरगंज द्वारा निकालल गईल प्रेस विज्ञप्ति ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here