मल्टीप्लेक्स पहुँचल भोजपुरी सिनेमा। निरहुआ के फिल्म सौगन्ध लागी ए-मैक्स सिनेमा में।

    186

     

    भोजपुरी फिल्म सौगंध

    १५ फाल्गुन, वीरगञ्ज।

    नेपाल से लेके भारत तक भोजपुरी सिनेमा के स्तरीयता आ पटकथा पर प्रश्न करेवाला लोगन के जवाब इहे होली पर मिले जारहल बा । भोजपुरी फिलिम आजूओ एकल पर्दा पर रिलीज होत आईल बा । बाक़िर  भोजपुरी सिनेमा के मल्टीप्लेक्स ना मिलेके ओरहन अब वीरगंज सहर मे खतम होखे जारहल बा । काहेकी ई सहर के एक मात्र मल्टीप्लेक्स मे भोजपुरी फिलिम सौगंध रिलीज होखे जा रहल बा ।

    ए -मैक्स सिनेमा

    होली के शुभ अवसर पर रिलीज़ होखे जा रहल भोजपुरी सुपरस्टार दिनेशलाल यादव “निरहुआ” के फिल्म “सौगन्ध” वीरगञ्ज के एकमात्र मल्टीप्लेक्स “ए-मैक्स” सिनेमा, “श्रीराम पिक्चर प्यालेश” अउरी “श्री बजरंग पिक्चर प्यालेश” सहित तीनों सिनेमा घर मे एके साथ रिलीज़ होखे जा रहल बा। होली के माहौल आ दिनेश लाल यादव निरहुआ के स्टारडम आ भोजपुरिया उल्लासपूर्ण वातावरण के ध्यान मे राखत पूर्वञ्चल टाकीज़ के ब्यानर मे बनल  उक्त फिल्म के आपन मल्टीप्लेक्स में रिलीज़ करे के फैसला लिहल गइल बात मल्टीप्लेक्स के संचालक लोग बतवले बा।  फिल्म २ मार्च शुक्रवार के रिलीज़ होखे जा रहल बा।

    भोजपुरी फिल्म आ दर्शक लोग के ध्यान मे राखत आपन बड़का पर्दा के टिकट दर भी कम कईले बा। स्पेशल के पुरान टिकट दर २०० से कम करके अब १०० रुपया अउरी डी सि के २५० से कम करके १५० रुपिया राखल गइल बा । उक्त टिटक दर मे कमी खाली फिल्म “सौगन्ध” खातिर मात्र भईल संचालक द्वारा बतावल गईल बा ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here