महागढी माई मेला के चढावन के मास चमार समाजद्धारा लेवे से बहिष्कार

    645

    आस, भादो १३

    बारा के बरियारपुर में आवेवाला कुवार मे लागेवाला महागढी माई मेला में बलि चढाके राँगा आ पाडा के मास के चमार (दलित) समाज लेवे से बहिष्कार कईले बा ।

    बारा के महागढीमाई नगरपालिका स्थित बरियारपुर में रहल गढीमाई मन्दिर में हरेक ५ वरीष में मेला लागेला । मेला में हजारे के संख्या में राँगा आ पडा के बलि देहल जाला । बलि चढा के राँगा आ पाडा के मासु व्यवस्थापन मरेला मेला समिति ठेक्का लगावल करेला ।

    ठेकेदार बलि चढाके २४ घण्टा भीतर ढोके मासु उद्योग में पहुचावल करेलन ओकरा बाद बचल मासं के चमार समाज के आदमी घर में लेजा के खाएलन् । एहिकारण से चमार समाज के दलित के छुवाछुत के भेदभाव करेवाला भईला से एसो से बहिस्कार केरेके दलित समाज पर्सा के अध्यक्ष मनोज राज बतवनी ।

    परा पूर्वकाल से प्रसाद कहके खाएके परम्परा भी बा । स्वास्थ्य के हिसाब से भी नानिमन भईला से एसो से चढावेवाला राँगा, पाडा के मांस के बहिष्कार करेके चमार समाज सामूहिक रुप मे हि घोषणा कइले बाडन् ।

    बारा के परवानीपुर गाँवपालिका के चैनपुर में शनिश्चर के भईल जमघट मे बारा आ पर्सा के चमार जात के अगुवा लोगन चढावन के मांस सिनो नाखाए के जनवले बाडन् । उ लोग सिनो बहिष्कार के खातिर बारा आ पर्सा में अभियान हि करेके घोषणा कईल बा ।

    एकरा खातिर दशरथ चमार राम के अध्यक्षता में सिनो बहिष्कार अभियान समिति भी गठन कईल दलित समाज पर्सा के अध्यक्ष मनोज राज बतवनी ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here