महानगरपालिका ई-रिक्शा सवारी धनिपुर्जा बाटल शुरू कईलख, नियम तुरेवाला के कारवाही होई – नगर प्रमुख सरावगी

335

वीरगंज, ३० कार्तिक ।

प्रदेश नम्बर में रहल महानगरपालिका वीरगंज काल्ह से तिन चकवा सवारी साधन के रूट परमिट सहित के सवारी धनिपुर्जा बांटे के शुरू कईले बा । महानगरपालिका के भीतर चलेवाला टेम्पू आ ई-रिक्शा सहित १ सय जेतना तिन चकवा सवारी साधन के प्रमाण पत्र बाँटले बा । महानगरपालिका काल्ह से बांटे के शुरू कईल सवारी धनि प्रमाण पत्र नगर प्रमुख सरावगी हस्तान्तरण करत शुरू कईले रहले ।

महानगरपालिका में आयोजित एगो कार्यक्रम के बिच नगर प्रमुख सरावगी सवारी धनि के पुर्जा हस्तान्तरण करत चलवनीहार के अनुमती पत्र नाभईल टेम्पू भाय ई-रिक्शा चलावत भेटईला पर सवारी साधन ही जफत करे के चेतावनी देहले । संचारकर्मीयन से बात करत नगर प्रमुख सरावगी स्थानीय तह संचालन एन २०७४ के देहल अधिकार के प्रयोग करत महानगर भीतर चलेवाला तीन चाकवा सवारी साधन के रूट परमिट आ सवारी धनीपुर्जा बांटल शुरू कईल गईल बतवले ।

महानगरपालिका धनीपुर्जा आ परमिट बांटे के शुरू कईला के बाद नगर क्षेत्र मे होखेवाला सवारी जाम के समस्या भी समाधान होई कहले । वीरगंज नगर क्षेत्र मे होखेवाला सवारी जाम के मुख्य कारण ही टेम्पु आ ई-रिक्शा रहल कब केतना के अनुमति देवे के बा यी कार्य योजना तैयार हो गईल बा अब जाम के समस्या बहुते जल्दी समाधान हो जाई नगर प्रमुख सरावगी के कहनाम रहे । महानगरपालिका भीतर अभी २ हजार से बहुति ई-रिक्शा आ टेम्पु चल रहल बा सरावगी बतवले ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here