महानगरपालिका द्वारा पूर्वबजेट पर बतकही कार्यक्रम, कर खातिर करदाता के मजबूर करे के सुझाव

180

वीरगंज, ०६ जेठ ।

वीरगंज महानगरपालिका आवेवाला आर्थिक बजेट के बारे मे संबन्धित लोग के संघे बतकही कार्यक्रम कईलख । सोमार के दिन मे वीरगंज महानगरपालिका के सभाकक्ष मे पूरा भइल आर्थिक बर्ष ०७६/०७७ के बजेट निर्धारण के बारे मे संबन्धित ब्यक्तित्व लोग संघे बतकही भईल । नगर प्रमुख विजय कुमार सारावगी के अध्यक्षता मे पूरा भइल पूर्वबजेट बतकही कार्यक्रम मे प्रदेश सभा सदस्य एवम योजना आयोग के सदस्य, वीरगंज उद्धोगबणिज्य संघ के पदाधिकारी, उधोगपति, ब्यापरी आ अनेकन दल के प्रतिनिधि लोग के उपस्थिती रहे ।

कार्यक्रम मे बोलत नगर प्रमुख विजय कुमार सारावगी वीरगंज महानरपालिका के आर्थिक आवस्था के बारे मे जानकारी करावत संघीय सरकार समय मे ही कर्मचारी समायोजन के काम ना कईला के कारण बितल २० महिना मे अपेक्षाकृत उपलब्धि हासिल नईखे होखे सकल बतवले । सारावगी कहले संघ आ प्रदेश सरकार के स्थानीय सरकार संघे के समन्वय भूमिका के कमी से एके गो स्थान पर तीनु निकाय से बजेट निकसा भइला से करोड़ो रोपेया फ्रिज होखे के अवस्था देखल गइल जवन बहुते दुख के बात बा ।

कार्यक्रम मे सहभागी लोग कर के दायरा के बढ़ावे के जिद्द करेवाला करदाता लोग के कानूनी दायरा मे आवे के मजबूर करे तरफ महानगरपालिका अनेकन अभियान चलावे के सल्लाह देहले लोग ।

वीरगंज उधोगबणिज्य संघ के पूर्वअध्यक्ष गणेश लाठ, अशोक बैद्ध, बरिष्ट उपाध्यक्ष सुबोध गुप्ता लगायत के पदाधिकारी लोग महानगरपालिका से प्रदान होखेवाला नक्सापास, घरभाड़ा कर,ब्यावशाय कर समेत के कर असूली प्रणाली के दायरा के बढ़ावत कर असूली के प्रक्रिया औरी प्रभावकारी बनावे के अनेकन सुझाव देहले लोग ।

ओइसे ही प्रदेश सभासदस्य करीमा बेगम, भीमा यादव, प्रदेश नंबर २ के योजना आयोग के सदस्य मोहन लाल चौधरी, नेपाली कांग्रेस पर्सा के जिल्ला सभापति एवम पूर्व सभासद अजय दुवेद्धी, नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी के पर्सा जिल्ला अध्यक्ष प्रभु हाजरा, समाजवादी पार्टी नेपाल पर्सा के सह-इंचार्ज रामनरेश यादव समेत के नेता लोग सम्पति मूल्यांकन से भी आम्दानी के आधार पर कर निर्धारण ठीक रही सल्लाह सुझाव देहले लोग । महानगरपालिका के बिकास खातिर सारा दल आ जनप्रतिनिधि लोग एक जुट होके चले के वर्तमान आवश्यकता बा सहभागी नेता लोग आपन धारणा ब्याक्त कईले लोग ।

महानगरपालिका के प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत उमेश बस्नेत कार्यक्रम मे स्वागत के बात ब्यक्त कईला के साथ साथे महानगरपालिका के आर्थिक स्थिति का बा  जानकारी करवले रहले ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here