महानगरपालिका द्वारा सेनेट्री प्याड बितरण कार्यक्रम शुरू

155

वीरगंज, १० जेठ ।

लड़की बिधार्थी सब के मनोवल बढ़ावे खातिर सेनेट्री प्याड बितरण कार्यक्रम के शुरुवात भइल नगर प्रमुख विजय कुमार सरावगी जानकारी करवले ।

सामुदायिक बिधालय मे लड़की बिधार्थी लोग के पढे खातिर आ उ लोग जाँगर बढ़ावे के उदेश्य से वीरगंज महानगरपालिका सेनेट्री प्याड वितरण कार्यक्रम सुरू कईले बा । विधालय मे पढेवाला राजस्वला (महिनावारी) होखेवाला समूह के लड़की बिधार्थी के पढ़ाई मे कौनों किसिम के समस्या ना होखे देवे के उदेश्य से काल्ह बियफे के दिन से बिना पैसा के (निशुल्क) प्याड बाटे के कार्यक्रम शुरू कईले बा ।

महानगर के भीतर रहल ३१ गो बिधालय मे पढेवाला ५ हजार ५ सय से भी बहूती लड़की बिधार्थी लोग के ज़रूरियात प्याड के आवश्यकता पूरा होई वीरगंज महानगरपालिका जानकारी देहलख ।

वीरगंज श्री सुंदरमल रामकुमार कन्या माध्यमिक बिधालय मे बियफे के दिने सबेरे एक कार्यक्रम के आयोजना कर के लड़की बिधार्थी लोग के निशुल्क प्याड बाटे के कार्यक्रम के शुरू कईल गइल रहे ।

कन्या माध्यमिक बिधालय मे आयोजित कार्यक्रम मे सहभागी रहल ३१ गो बिधालय के प्रधानाध्यापक लोग के नगर प्रमुख विजय कुमार सरावगी लड़की बिधार्थी लोग खातिर बिधालय के प्रधानाध्यापक लोग के प्याड हस्तांतरण कईले रहले । कार्यक्रम के सम्बोधन करत नगर प्रमुख सरावगी प्याड बितरण कार्यक्रम लड़की बिधार्थियन के मनोबल मजबूत करे के विश्वास ब्याक्त कईले । महीनावरी अइला पर लड़की लोग के अनेकन मनोबैज्ञानिक समस्या झेलत आवला से अब ओइसन समस्या के समाधान होई प्रमुख सरावगी क़हत लड़की लोग के बिधालय ओर के आकर्षण बढला के साथ साथे पढ़ाई मे मन लागी बतवले ।

नगर प्रमुख सरावगी प्याड सहज रूप से लेवे खातिर महानगरपालिका बहुत जल्दी ब्यांडीनग आ डिसट्रॉय करेवाला मसीन बिधालयन मे राखल जाई सरावगी जानकारी करावत कहले ३० हजार थान प्याड उपलब्ध करा के सहयोग करेवाला राउंड टेबल वीरगंज के पदाधिकारी आ पूरा सदस्य लोग के धन्यबाद देहले ।

वीरगंज महानगरपालिका के नगर प्रमुख सरावगी के अध्यक्षता मे पूरा भइल प्याड बितरण कार्यक्रम मे उपमेयर शांति कार्की, राउंड टेबल नेपाल के सौरभ केडिया, वाड नम्बर ४ के वाड अध्यक्ष जगत साह कानू, नेपाल पत्रकार महासंघ के पर्सा अध्यक्ष श्याम बंजारा समेत महानगरपालिका बहुते बढ़िया कार्यक्रम लियाईल बा आ एह कार्यक्रम से सारा लड़की बिधार्थी लोग के संख्या बिधालय मे बढ़ी आपण धारणा ब्याक्त कईले । कार्यक्रम मे लेडीज सर्कल के उपाध्यक्ष कविता खेतान, कन्या माध्यमिक बिधालय के प्रधानाध्यापक सुरेन्द्र कूवर समेत के उपस्थिती रहे ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here