महानगर के प्रयास से निजी लगानी के गण्डक अस्पताल बनल देश के पहिलका कोभिड़ अस्पताल

    370

    वीरगंज, ८ जेठ ।

    महानगर वीरगंज द्वारा एक महिना पहिले शुरू कईल गईल अभियान आजू पूरा भइल बा । वीरगंज महानगपलिका द्वारा गण्डक अस्पताल से सम्झौता भइला के बाद आज से कोरोना संक्रमित के इलाज गण्डक अस्पताल मे बिधिगत रूप से शुरू भईल बा । सिद्धार्थ मा वि के क्वारेंटाइन मे राख़ के इलाज हो रहल २५ जाना संक्रमित लोग के आजू से गण्डक अस्पताल मे इलाज शुरू कईल गईल ।

    निजी क्षेत्र से संचालित अस्पताल के स्थानीय सरकार ले के COVID अस्पताल के रूप मे संचालन करेवाला देश मे स्थानीय सरकार के रूप मे एक मात्र वीरगंज महानगपलिका पहिलका स्थानीय निकाय भइल बा । गण्डक अस्पताल मे इलाज समेत प्रबिधिक पक्ष नारायणी अस्पताल देखि ओइसे ही संचालन खातिर आर्थिक आ भौतिक पक्ष के महानगरपालिका जिम्मेवारी लेहले बा ।

    गण्डक अस्पताल मे ५० गो बेड आ महानगरपालिका द्वारा अउरी २० गो बेड के ब्यावस्था कर के अभी तक ७० गो बेड के covid अस्पताल शुरू भईल बा । महानगरपालिका द्वारा सिद्धार्थ मा वि मे प्रीआइसोलेशन इलाज केन्द्र के रूप मे बनावे के तैयारी हो रहल बा । आजू से तीन दिन के भीतर सिद्धार्थ मा वि के प्रीआइसोलेशन इलाज केन्द्र के रूप मे सांचालन मे लियावाल जाई क़हत जानकारी मिलल बा ।

    यी काम मे सहयोग करेवाला महानुभावलोग, आम वीरगंजवासी, नागरिक समाज, सम्पूर्ण राजनीतिक दल। संबिधान सभा के माननीय लोग, जनप्रतिनिधि लोग, स्थानीय प्रशासन आ सुरक्षा निकाय के प्रमुख लोग, नारायणी अस्पताल के मेसु समेत डाक्टर्स आ स्वस्थ्यकर्मीलोग, महानगपलिका के कर्मचारीयन, संचारमाध्यम आ संचारकर्मी संघतिया लोग के बिशेष धन्यबयाद महानगपलिका वीरगंज के नगर प्रमुख बिजय कुमार सरावगी देहले बाड़े ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here