महानगर के वार्डसदस्यसब के बहिष्कार के बावजुद चौथका नगरसभा ओराइल

477

आस । माघ २१ ।

वीरगन्ज महानगरके वार्ड सदस्यसब के बहिष्कार के बावजुद भी सोमार के चौथका नगरसभा ओराइल । वीरगन्ज के नगरसभागृह मे सोमार के आयोजित चौथका नगरसभा के वार्ड नम्बर १ से ३२ तक के एक सय २६ जने वार्ड सदस्यसब बहिष्कार कईलाबाद भी नगरसभा सफलता पुर्वक ओराईल मेयर विजय सरावगी कहनी ।

२०७४ साल माघ मे दोसर का नगरसभा से निर्धारण कईल कर यथावत राखेके माग करत एकीकृत सम्पति कर मे महानगर वितल सावन से बढावल कर, जनविरोधी रहला से वार्ड सदस्यसब सोमार के चौथका नगरसभा बहिष्कार कईलन । नगरसभा मे कार्जपालिका बोर्ड बैठक द्धारा पेश कईल एजेण्डा के बारे मे भी कवनो जानकारी नाकरावल कहत वार्ड सदस्य हकहित मन्च के संयोजक तुफेल अख्तर उ एजेण्डासब अध्ययन के खातिर माग्लाबाद मेयर विजय सरावगी पहिले हि माइन्युट पुस्तिका मे सहि करी ओकराबाद हि एजेण्डा के प्रतिवेदन देहेम कहला से उ आपनासब के स्विकार ना भईलासे नगरसभा बहिष्कार कईल  बतवनी ।

माकिर मेयर विजय सरावगी कहनी कर बढावल विवाद, बहाना सिरफ भईल कहत सेवा सुविधा मे कटौती कईला के कारण कुछ सिमित वार्ड सदस्यसब विरोध कईल बतवनी । उहाँ के एकीकृत सम्पति कर बढावल विवाद साउन मे हि विशेष नगरसभा से ओर लगाचुकला से अभी बहिष्कार कईलाबाद भी चाहे जेतना के कोरम पहुचलासे नगरसभा बढिया से ओरीयाइल कहनी ।

एहसे पहिले संघीय सरकार से कईल निर्णय अनुसार वार्ड सदस्यसब महिना के सात हजार रोपेया तलब आ महिना मे पाच गो बईठक के भत्ता लेहत रहलन । माकिर पिछिल्लाका समय प्रदेश सरकार वार्ड सदस्य के बईठक भत्ता नादेहके मासिक तलब हि देवेवाला भईला से महानगरपालका के बोर्ड बैठक प्रदेश सरकार के उहे निर्णय लागु करेके खातिर अभीन तक वार्ड सदस्यसब से बुझ चुकल बैठक भत्ता के रोपेया, फिर्ता करेके भईला से वार्ड सदस्य सब कर बढावल बहाना बनाके विरोध कररहल मेयर सरावगी बतवनी ।

मेयर सरावगी के बात के नाकारत वार्ड सदस्य हकहित मन्च के संयोजक तुफेल अख्तर कहनी वार्ड नम्बर १ से ३२ तकके सभी एक सय २६ जने वार्ड सदस्यसब नगरसभा बहिष्कार कईल दाबी कईनी ।

सोमार के नगरसभा मे नगरपालिका के बोर्ड बैठक चालु आ पुजीगत खर्चा शीर्षक के कुछ रोपेया रकमान्तर करेके आ चैत मसान्त तक कवनो भी कर मे जरीवाना नालेवे के निर्णय बहुतम से पारित भी भईल मेयर सरावगी जनवनी । अउर कुछ बुंदासब उपर जरुरी बातचित बाकि रहला से जल्दिके दोसर बन्द्य सत्र आयोजना करके निर्णय करत नगरसभा स्थगीत कईल मेयर सरावगी बतवनी ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here