महाशिवरात्रि पर पशुपति नाथ मन्दिर मे भारत से धार्मिक पर्यटक बेसी आवेके अन्दाजा

181

काठमाडु । फागुन ८ ।

पशुपति नाथ मन्दिर मे महाशिवरात्रि के तयारी सुरु होचुकल बा । तैयारी के क्रम मे रङरोगन, बत्ती व्यवस्था, सुरक्षा लगाएत के तयारी तेजी से आगे बढल बा । महाशिवरात्रि के खातिर साधुसन्त आवेके क्रम भी सुरु होचुकल कोष जनवले बा ।

एह वरीष पबनी के अवसर मे ११ लाख से बेसि दर्शनार्थी के मेन मन्दिर भितर प्रवेश करके पूजापाठ एवं दर्शन करेके तयारी कईल गईल बा । एह बरीष भारत से धार्मिक पर्यटक बेसी आवे के अन्दाजा कईल गईल बा । इलाहावाद स्थित प्रयागराज मे भईल कुम्भमेला लगलीए महाशिवरात्रि परला से भारतीय पर्यटक बढेके कोष जनवले बा ।

कुम्भ मे नहइलाबाद मेला रहल दर्शनार्थी से एगो दिव्य शिवलिंग के दर्शन करेपरेके धार्मिक मान्यता के कारण भारतीय के संख्या बढल बा ।

भारतीय प्रधानमन्त्री नरेन्द्र मोदी एह वरीष दु बेर पशुपतिनाथ मन्दिर मे दर्शन एवं पूजा कईलाबाद भारत के बहुते प्रान्त के भक्तजन के मन्दिर मे भीड लागल सदस्य सचिव ढकाल बतवनी ।

वितल साल महाशिवरात्रि से पशुपति क्षेत्र विकास कोष से सुरु कईल सहजोग अपेक्षा रहित क्षेत्र बनावे के अभियान के एह बरीष काठमाडु जिल्लाव्यापी बनावल गईल बा ।

पशुपति क्षेत्र मे सोच से निमन सफलता मिलला बाद नेपाल प्रहरी, काठमाडु महानगरपालिका, मानव सेवा आश्रम लगाएत सामाजिक संस्था के सहकार्ज मे जिल्लाव्यापी बनावेके उहाँ के जनवनी ।

पबनी के खातिर तीन गो सुरक्षा निकाय के संयोजन मे पशुपति क्षेत्र मे सुरक्षा के प्रबन्ध कईल गईल बा ।

महाशिवरात्रि के खातिर पशुपति क्षेत्र विकास कोष ८ उपसमिति के गठन करके तयारी आगे बढावल सदस्य सचिव डा. प्रदीप ढकाल रासस के जनवनी ।

कोषाध्यक्ष डा. मिलनकुमार थापा के संयोजकत्व मे सुरक्षारदर्शन व्यवस्था, कोष सन्चालक परिषद सदस्य भगवती प्रसाद देव के संयोकत्व मे चन्दन मन्दिर प्रांगण आ रात्रिकालीन व्यवस्था के साथे स्वयंसेवा खटावेके, अनुगमन आ पास व्यवस्था करेला उपसमिति के गठन कईल गईल बा ।

एहितरे, परिषद सदस्य राजु कुमार खत्री के संयोजकत्व मे आवास, भोजन आ भौतिक पूर्वाधार व्यवस्था साथे लाइट अउर साजसजावट, परिषद सदस्य रमेशराज शिवाकोटी के संयोजकत्व मे साधुसन्त सेवा एवं धार्मिक कार्जक्रम, परिषद सदस्य ध्रुव उप्रेती के संयोजकत्व मे स्वास्थ्य, वातावरण, सरसफाइ आ जुत्ता–चप्पल व्यवस्था, परिषद सदस्य घनश्याम उपाध्याय के संयोजकत्व मे प्रचार–प्रसार व्यवस्था के खतिरा उपसमिति गठन भईल बा ।

एह वरीष फागुन २० गते सोमार के महाशिवरात्रि परब परल बा ।

पबनी के एक महिना आगे से हि भारत लगायत बहुते देशका धार्मिक पर्यटक पशुपतिनाथ मन्दिर मे आवेलन । रासस

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here