महिला के उपर भईल हत्या प्रयास के आरोपी प्रहरी के फंदा मे

86

दीपक चौरसिया

बारा, ५ चईत

बारा जिल्ला के महागढ़िमाई नगरपालिका वाड न ४ दहियार के निवासी शोभा पाण्डे उपर भईल हत्या के प्रयास मे फरार आरोपी बारा प्रहरी के फंदा मे फसगईले | फागुन १८ गते शोभा पाण्डे के उपर हत्या करे के प्रयास कईल आरोपी बेदानन्द शुक्ला के बारा प्रहरी पकडले बा ।

जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के डि एस पी भुवनेश्वर साह के आदेश पर शुक्ला के पकड़े खातिर खटल प्रहरी हवलदार बिनोद पासवान के टोली आरोपी पकड़ा गईल कह के जानकारी कवरलख । हत्या के आरोप मे भागल शुक्ल उपर जघन्य अपराध के मुकदमा दर्ता बा कह के बतावल गईल । बारा के गंजभवानीपुर चौक नियरे  लुका के रहत आईल शुक्ला बिशेष सूचना के आधार पर जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा से खटल प्रहरी टोली शुक्ला के पकड़े मे सफल भईल डि एस पी भुवनेश्वर साह जानकारी करवले ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here