महेन्द्रनगर मे नेपाली सेना के कारण बड़का जनधन के क्षति होखे से बाचल

125

जनकपुरधाम, फागुन २५ गते ।

धनुषा के क्षिरेश्वरनाथ नगरपालि के महेन्द्रनगर मे आगलागी से बड़का जनधन के क्षति होखे से नेपाली सेना जोगईले बा । नेपाली सेना के गोरखनाथ गण अगाडी रहल नारायण साह के चान्दनी किराना स्टोर मे बियफे के रात मे अचानक आगलागी लागल रहे । आगलागी भईल किराना स्टोर के लगे मे खाना बनावेवाला एलपी ग्यास के दोकन बा ।

आगी लागला पर गोरखनाथ गण से अधिकृत शैलेन्द्र थापा के कमाण्ड मे ४० जना नेपाली सेना के टोली द्वारा कुछे बेर मे आगी नियन्त्रण मे लहले रहे लोग । पसल मे आगलागी से २ लाख बराबर के मालसमान जर के नष्ट भईल प्रहरी द्वारा जनावल गईल बा । अउर मालसमान आ लग मे  रहल ग्यास पसल मे आगलागी होखे से नेपाली सेना  बचईले बा । गण के अधिकृत थापा कहनी ‘ समय मे आगी नियन्त्रण ना भईल रहित त ग्यास पसल समेत मे आगलागी होके बड़का परिमाण मे जनधन के क्षति हो सकत रहे । बाक़िर हमनी समय रहते आगी नियन्त्रण मे लेवेमे सफल भइनी । ’

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here