महोत्तरी में अबैध घरेलु रक्सी १००लिटर नष्ट

143

धर्वेन्द्र कुमार,सोनमा। पुस २६ ।

महोत्तरी में अबैध घरेलु रक्सी नियन्त्रन करेके अभियान लेके चलेवाला महोत्तरी प्रहरी के अभियान के सफल बनावे के लक्ष्य के सोनमा गाँवपालिका के मगर थाना प्रहरी चौकि द्वारा सय लिटर अबैध रक्सी पकड़ के बियफ़े के नष्ट कईल गईल बा ।

गोप्य सुचना के आधार पर चेक जाँच करे के क्रम में बुध के रात के २ बजे जमुनिया बजार से मनहर्वा जाए वाला रास्ता में दु गो साइकल में राख़ के लुका के लेजाए के क्रम में प्रहरी द्वारा रक्सी सहित साइकल नियंत्रण में लेहल गईल रहे । रक्सी ओसार पसर करे वाला व्यक्ती फरार बा त पकड़ाईल रक्सी के स्थानिय राजनिती कार्यकर्ता, प्रतिनिधि आ पत्रकार के रोहबर में नष्ट कईल गईल मगर थाना चौकि के प्रमुख जयनरायन यादव जानकारी देहले बानी ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here