The biggest Bhojpuri digital media of Nepal

माईभाखा भोजपुरी खातिर समर्पित भोजपुरी साहित्यिक खरिहान के भैरहवा समिति गठन

रुपन्देही, १९ जेठ

भोजपुरी माईभाखा खातिर समर्पित भोजपुरी साहित्यिक खरिहान के तदर्थ समिति भैरहवा मे गठन भइल बा । भोजपुरी साहित्य के संरक्षण, संबर्द्धन एवम प्रोत्साहन खातिर समर्पित भोजपुरी साहित्यिक खरिहान के १३ सदस्यी तदर्थ समिति भोजपुरी साहित्यकार श्री बिश्वनाथ सिंह पालीवाल के अध्यक्षता मे गठन कईल गईल ।

भोजपुरी भाषा साहित्य मे लेख, रचना, कविता, गीत आ गजल लिखे के आ संरक्षण करत भोजपुरी साहित्य के आगा बढ़ावे खातिर अध्यक्ष पालीवाल के अध्यक्षता मे भैरहवा मे तदर्थ समिति के गठन कईल गइल अध्यक्ष पालीवाल आपनवीरगंज से बात करत जानकारी करवले ।

माता सरस्वती के हाथ रहे

रउरा संघही हमरो साथ रहे

दिन दुगुना रात चौगुना हो

मातृभाषा खातिर निहुरल मोर माथ रहे

  • बिश्वनाथ सिंह पालीवाल

भोजपुरी साहित्य प्रति समर्पित भोजपुरिया खरिहान साहित्य के बढ़ावे खातिर १३ सदस्यीय समिति मे अध्यक्ष बिश्वनाथ सिंह पालीवाल, उपाध्यक्ष रजेश कुमार चौधरी “जिज्ञासु” सह उपाध्यक्ष राकेश यादव, सचिव सैलेन्द्र सिंह, सह सचिव राजन गुप्ता, कोषाध्यक्ष संजय कुमार गुप्ता, सह कोषाध्यक्ष बिपिन कुमार साह, सदस्य मे शैलेश उपाध्याय, ध्रुव नारायण लाल कर्ण, साधना सिंह, राम शरण यादव, प्रतिमा गिरि, अनुपमा गुप्ता बा लोग । ओइसे ही सल्लाहकार मे भैरहवा बहूमुखी क्याम्पस प्रमुख अनिल कुमार झा, त्रिभुवन बरई, रामदेव यादव, भरत गिरि आ भोजपुरी साहित्यकार शिवनन्दन जैसवाल बा लोग ।

प्रतिकृया
Loading...