मानव सेवा आश्रम के आश्रय मे जीवन बीता रहल एगो अपरचित आदमी के मृत्यु

471

वीरगंज, ९ पुष ।

वीरगंजर रानिघाट मे रहल मानवसेवा आश्रम के आश्रय मे राहत आइल एगो अपरिचित आदमी के बितल रात मृत्यु भईल बा ।

बितल साल आसाढ़ महिना के २२ गते वीरगंज के घण्टाघर से नाम आ ठेगाना बिना के करीबन ५० साल के एगो अपरिचित आदमी के मानव सेवा आश्रम के उद्धारकर्मी लोग उद्दार कर ए मानव सेवा आश्रम रानिघाट मे राखत आइल रहे लोग । वीरगंज के रानीघाट मे रहल मानव सेवा आश्रम मे असहाय आ मानसिक सन्तुलन बिगड़ल  लोगन के आश्रय दे के मानवता के रक्षा आ मानव धर्म के सेवा के कार्य कईल जाला ।

सोमार के रात मे सुतल उ आदमी की काल्ह सबेरे जब जगावल गईल त उनकर देही छुट चुकल रहे । उनकर मृत्यु के खबर मानव सेवा आश्रम श्रीपुर वाड़ प्रहरी के कईला के बाद प्रहरी घटना स्थल पर पहुच के मुचुल्का उठवलख आ लाश के पोष्टमार्टम खातिर वीरगंज के नारायणी अस्पताल मे भेजलख ।

मृत्यु कवना कारण से भईल एकरा सम्बन्धी आगा के अनुसन्धान मे प्रहरी जुटल बा जानकारी मिलल ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here