मालपोत प्राङ्गण भितर बइठक के लेखापढी करेमे रोक लागल

    305

    वीरगंज ०२ माघ,

    भूमिसुधार तथा मालपोत कार्यालय पर्सा मे मंगर के दिन से लेखापढी तथा कानून व्यवसायीलोग के कार्यालय के प्राङ्गण भितर बइठके कामकाज करे मे रोक लगावल गइल बा । दु बरीस से कार्यालय प्राङ्गण मे रहके काम करे ना देवेके अभियान चलइला पर भी कार्यालय प्रशासन असफल होत आइल रहे ।

    भूमिसुधार तथा मालपोत कार्यालय पर्सा पुस २० गते, माघ २ गते से लागू होखेवाला किसिम से सभी लेखापढी तथा कानून व्यवसायी के कार्यालय प्राङ्गण बाहर रहके काम करे खातिर सूचना जारी कइल मुताविक आजु से कार्यालय प्राङ्गण भितर काम करेमे रोक लगावल गइल बा । भूमिसुधार तथा मालपोत कार्यालय, पर्सा मे करिब साढे तीन सय लेखापढी तथा कानून व्यवसायी बाडन । उलोग मेसे दु सय लेखापढी तथा कानून व्यवसायीलोग नियमित कार्यालय आ आसपास रहके काम करत आइल बाडन ।

    आजु से कार्यालय प्राङ्गण मे काम करेमे रोक लगइला के बाद बहुते लेखापढी कानून व्यवसायीलोग के समस्या भइल जनवले बाडन । लेखापढी तथा कानून व्यवसायीलोग के कार्यालय प्राङ्गण भितर रहके काम करे ना देहला के बाद आसपास के घर भाडा महँगा भइल बा । रु ३ से ६ हजार तक मासिक भाडा तिरत आइल लेखनदासलोग अभी दोब्बर भाडा तिरेमे बाध्य भइल बाडन ।

    भाडा ना लेहल लेखनदासलोग घरभाडा के खातिर प्रतिस्पर्धा कइला के बाद उ क्षेत्र मे अभी घरभाडा महँगा भइल बा । लेखनदासलोग प्राङ्गण बाहर रहके काम सुरु कइला के बाद प्राङ्गण खाली देखल गइल रहे, जउना से सर्वसाधारण सेवाग्राहीलोग के सहज महसुस भइल वीरगंज महानगरपालिका नगवा के एक सेवाग्राही बतवनी ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here