मास्क ना पहिरेवाला के प्रहरि द्वारा रु १०० जुर्माना, निजी तथा सरकारी निकाय द्वारा नियम पालन करे के निहोरा

वीरगंज, २९ भादो ।
पर्सा जिल्ला में स्थिति समान्य ना भईला पर भी निषेधाज्ञा के संघहि वीरगंज के दैनिक जन जीवन समान्य बनावे के हिसाब से जिल्ला प्रशासन कार्यालय द्वारा लकडाउन में तनि ढिलाई कईल गईल बा ।कोरोना के मार में परल वीरगंज नगरी में सभे कोई के बिना मास्क बाहर ना निकले के निहोरा कइला के वावजूद भी बिना मास्क आपन साथ साथे दोसरा के जीवन से भी खेलवाड़ कर रहल बिना मास्क के व्यक्ति लोग के नियन्त्रण में लेत प्रहरी प्रति व्यक्ति १०० रोपेया के दर से जुर्माना करत रसीद कटले बा ।
प्रशासन, सुरक्षा निकाय आ महानगरपालिका वीरगंज के जन जीवन समान्य बनावे ख़ातिर आ आपन आपन काम काज में वापस जाए ख़ातिर सब कोई से मास्क के प्रयोग अनिवार्य आ सामाजिक दूरी के जरूर पालन करे के निहोरा कइले बा ।
दोसर ओर वीरगंज महानगरपालिका बाईपास में रहल एगो पेट्रोल पम्प जनता के बिना मास्क पेट्रोल ना मिली कहत बिना मास्क आ २ मीटर सामाजिक दूरी के पालन ना करेवालन के पेट्रोल ना देवे के व्यवस्था कइले बा ।
पेट्रोल पम्प पर लिख के ही राखल गाइल बा कि No mask, No Petrol अर्थात “मास्क नईखे, पेट्रोल नइखे”
जहां सरकार आ निजी संघ संस्था आपना तरफ से भरपूर प्रयास करत सब कोई से सामाजिक दूरी पालन करे के आ घर से बाहर निकलत समय मास्क प्रायोग करे के निहोरा कर रहल बा उहे कुछ असामाजिक तत्व बा जे बिना मास्क आपन साथ साथे दोसरा के जीवन खतरा में डाले खातिर सामाजिक अपराध कर रहल बा लोग ।

