मुख्यमन्त्री के घोषणा: प्रदेश-२ में अन्तराष्ट्रीय क्रिकेट स्टेडियम बनी

588

जनकपुरधाम, बईशाख ७

प्रदेश नं. २ के मुख्यमन्त्री लालबावु राउत द्वारा प्रदेश मे अन्तर्राष्ट्रिय स्तर के क्रिकेट मैदान निर्माण खातिर पहल करेके घोषणा कइले बानी । शुकके जनकपुर मे तिसरका दीपक गुप्ता स्मृति क्रिकेट प्रतियोगिता (डीजीएमटी) के उद्घाटन के क्रम मे राष्ट्र खेलकुद के विकासप्रति उदासिन रहल बतावत मुख्यमन्त्री राउत अगामी दिन मे प्रदेश भितरे अन्तर्राष्ट्रियस्तर के क्रिकेट मैदान बनावे के घोषणा कइले । क्रिकेट स्टेडियम ना भईला पर खेलाडी सब के समस्या भोगेके परला पर अपन चिन्ता व्यक्त करत उनकरे पाली के प्रदेश सरकार अन्तराष्ट्रीय क्रिकेट स्टेडियम बनाई कहके प्रतिबद्दता समेत जनईले । कईलन।

धनुषा जिल्ला क्रिकेट संघ के आयोजना मे होरहल तिसरका दीपक गुप्ता मेमोरियल क्रिकेट प्रतियोगिता मे मुख्यमन्त्री राउत खुदसे ब्याटिङ करके उद्घाटन कइले । प्रतियोगिता मे नेपाल आ भारत के खेलाडी लोग सहभागी रही ।

जनकपुर मे पहिलका बेर टर्फ विकेट पर प्रतियोगिता आयोजना होरहल जिल्ला क्रिकेट संघ धनुषा के विमलेश सिंह बतवनी । दु संस्करण म्याट पर खेलावला के बाद ई बेर डीजीएमटी टर्फ पर खेलावत बा आ ओकरा खातिर ३० यार्ड भीतर हरिहर घाँस भी रोपाइल सिंह बतवनी । विजेता के ३ लाख ११ हजार आ उपविजेता के १ लाख ७१ हजार रुपैयाँ पुरस्कार के व्यस्था राखल गईल बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here