मुख्यमन्त्री गद्दी देहले २ न. प्रदेशवासी लोग के नाया बर्ष २०७५ के शुभकामना सन्देश

217

जनकपुरधाम, ३० चईत ।

प्रदेश न. २ के मुख्यमन्त्री लालबाबू  राउत गद्दी प्रदेशवासी के नया बर्ष २०७५ सुखद अवसर पर शुभकामना सन्देश देहले। स्वदेश चाहे बिदेश मे रहल सम्पूर्ण प्रदेशवासी के मुख्यमन्त्री गद्दी शुभकामना ब्याक्त काईले ।

मधेस आंदोलन के करते प्राप्त एतिहासिक उप्लब्धी के संघ संघे प्रदेश मे आर्थिक-सामाजिक समृद्धी के जात्रा आगा बढ़ावे के आ प्रदेश न. २ के आत्मनिर्भर बनावे के हमनी सब जनता के साझा जिम्मेवारी ह आ हमनी के प्रदेश मे रहल संभावना के ज्यादा से ज्यादा सदुपयोग कर के प्रदेश मे सुशासन कायम कर के समृद्ध आ सम्मुनत बनावे के जिम्मेवारी हमनी के कान्हा पर आईल बा जवना के हमनी सब मिल के उठावे के परी ।

 नाया साल हमनी सब जनता मे नाया सोच, जोश, जाँगर सृजना करो आ हमनी सब मिल के प्रदेश के आगा बढ़ावल जाव क़हत शुभकामना ब्याक्त कईले ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here