मुख्यमन्त्री राउत १०८ औ महिला दिवस के शुभकामना देते महिला हिंसा रोके खातिर कडा कानून बनावे के तैयारी मे

111

 

मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत गद्दी

राजेश अभिराज यादव जनकपुरधाम फागुन २४ गते

१०८ औ अन्तरास्ट्रीय महिला दिवस के शुभकामना देत प्रदेश न. २ के मुख्यमन्त्री लालबाबूराउत महिला हिंसा रोके खातिर कड़ा से कडा कानून के तैयारी कईल गईल बा कह के जानकारी करवले | बिग्यप्ती प्रकाशित कर के मुख्यमन्त्री राउत प्रदेश सरकार महिला हिंसा के ख़तम करे खातिर आवेवाला भबिष्यमें कडा से कडा कानून बनावे के बतवले | संघही बिग्यप्तीमें प्रदेश सरकार महिला लोग के सामाजिक सुरक्षा के प्रत्याभूति आ बालबच्चा के शिक्षा के खातिर सरकार बिशेष प्याकेज लियावेके बात भी जनावल गईल बा | बिशेष प्याकेज कार्यक्रम के बारेमे कुछो खोल के बिग्यप्तीमें लिखल नईखे |

 मुख्यमन्त्री राउत बदल रहल समय में महिला लोग जवन सफलता हासिल कईले बा लोग ओकरा के संस्थागत करत भावी समय में भी महिला ससक्तिकरण, रोजगारी, शिक्षा में बिशेष प्राथमिकता जईसन क्षेत्र में प्रदेश सरकार प्रतिबद्ध रही कह के प्रतिबद्धता ब्यक्त कईले |

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here