मुख्य मन्त्री गद्दी द्धारा ओरिया नदी के पुल शिलन्यास तथा महायज्ञ उदघाटन

211

बीरगंज, २९ फागुन
पर्सा के कालिकामाई गाँवपालिका के वडा नं. ३, हरिहरपुर मे आयोजना कईल गइल लक्ष्मीनारायण महायज्ञ के प्रदेश नं. २ के मुख्य मन्त्री लालबाबु राउत गद्दी उदघाटन कईले बानी । महायज्ञ आयोजक समिति के अध्यक्ष एवं वडा नं. ३ के वडा अध्यक्ष संजय पटेल के अध्यक्षता मे भइल यज्ञ उदघाटन समाहरोह के सम्बोद्धन करत मुख्य मन्त्री गद्दी समाजिक सदभाव कायम राख्त सब केहु के प्रदेश विकास मे लागेके परल बतइनी ।

महायज्ञ से प्रदेश बिकास मे शक्ति मिलेके कामना करत समाजिक सदभाव बिग्रारेवाला के कानुनी कर्वाही करेके मुख्य मन्त्री गद्दी चेतावनी भि देहनी । ९ दिने महायज्ञ के पहिला दिन सोमबार जल यात्रा भि निकालल गइल रहे । जल यात्रा मे कुंवारी कन्या लोग बाजा गाजा सहित जल भरे नदी पुगल रहे ।

अइसही मुख्य मन्त्री गद्दी पर्सा के ग्रामिण क्षेत्र ओरिया नदी मे निर्माण होखेवाला पुल के भी शिलन्यास कइनी । छिपहरमाई गाँवपालिका के वडा नं. १ भलुवहिया मे परेवाल नदी के पुल गद्दी शिलान्यास करत समय पुल निर्माण करेके ठेक्दार के निर्देशन समेत देहनी । पुल निर्माण के ठेक्का लेहल पप्पु रंजन जेभी कम्पनी के संचालक एवं प्रदेश सभा सदस्य सिंहघासन साह कलवार के अध्यक्षता मे भइल पुल उदघाटन समाहरोह के सम्बोद्धन करत गद्दी पुल निर्माण से पर्सा के दुर्गम क्षेत्र मानल नगावा के बिकास होखे के विश्वास समेत व्यक्त कइनी ।

कम्पनी रु ३ करोड ५१ हजार ११ मे पुल निर्माण के ठेक्का लेहल बतावल गइल बा । ४३ मिटर के पुल बनावे खातिर मिति २०७४ माघ १८ गते समझौता भइल बा त २०७६ बैशाख १७ गते तक पुल निर्माण के अन्तिम मिति रहल बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here