मुस्कान एसिड काण्ड मे दोषी के सजाय खातिर सांसद यादव के दौड़धूप

460

वीरगंज,  २९ कुवार ।
एसिड पीड़ित मुस्कान आजू ४० वा दिन आपन पीड़ा के भुलात हंसत नजर अईली । पर्सा क्षेत्र नम्बर १ के सांसद प्रदीप यादव के दोषी के करवाही खातिर वीरगंज से काठमांडू अस्पताल तक के लागातार मेहनत के वजह से आजू मुस्कान के चेहरा पर मुस्कान आइल सम्भव भईल बा । दोषी के हो रहल करवाही के बारे मे जानकारी करावला पर मुस्कना कुछ देर खातिर बहुते राहत महसूस कईली मुस्कान के मतारी सहनाज खातून बतवली ।

सांसद यादव जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रमुख सोमेन्द्र सिंह राठौर से सोमार के दिने एसिड आक्रमण करेवाला माजीद आलम आ समसाद मिया ऊपर कईसन करवाही हो रहल बा एकरा बारे मे जानकारी लेहले रहले । उ करवाही प्रक्रिया के साथे कडा से कडा करवाही खातिर सुरक्षा निकाय के निर्देशन देहले बात बतावला पर मुस्कान खातून कुछ देर खातिर राहत महसूस कईले रहली ।

खातून के बाबू  रसूल मिया आक्रमण करेवाला के मृत्यु दण्ड के सजाय के मांग कईला पर भी नेपाल के कानून मे मृत्युदण्ड ना रहला से आजीवन कैद खातिर करवाही प्रक्रिया आगा बढ़ावे के बतावत बाप बेटी दुनु कुछ राहत महसूस कईले लोग मुस्कान के मतारी बतवली ।

एसिड बेचेवाला हार्डवेयर दोकान के संचालक मनीष मण्डल ऊपर भी करवाही आगा बढ़ावल गईल सुन के बाबू रसूल मिया सांसद यादव के धन्यबाद देहले । सांसद प्रदीप यादव इलाज कर रहल कीर्तिपूर अस्पताल के डाक्टर सुरेन्द्र बस्नेत से मुस्कान के स्वास्थ्य के स्थिति के बारे मे जानकारी लेहले । डाक्टर बस्नेत के हिसाब से स्वास्थ्य स्थिति मे कुछ सुधार भइला के वावजूद भी कान के जाली मे बहुते असर भइला से प्लास्टिक सर्जरी समेत के सर्जरी खातिर कुछ समय लागि जानकारी देहले ।
एसिड आक्रमण के बारे मे कीर्तिपूर अस्पताल मे ही अनुसंधान के खातिर खटल प्रहरी नायाब उपरीक्षक छेदिलाल कामत से भी सांसद यादव बिस्तृत रूप मे जानकारी लेहले रहले । दोषी के करवाही खातिर मुख्य आधार रहल कीर्तिपूर अस्पताल के रिपोर्ट अभी ले जिल्ला प्रहरी कार्यालय के आगा ना आवेसकला के कारण भी पुछले रहले । जवाब मे अस्पताल से समन्वयमे रिपोर्ट संकलन करे के काम हो रहल ब उ जानकारी करवले ।
एकरा से पहिले समाजवादी पार्टी के सांसद प्रदीप यादव भादों २९ गते सांसद बिशेष के समय मे बोलत संबिधान मे रहल कानून के संशोधन क के एसिड आक्रमण के दोषी के फांसी के साजय देवे के मांग कईले रहले ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here