मुस्लीम समाज में खुशीयाली के साथ मनावल जारहल बकर ईद

435

आस,वीरगंज

मुस्लीम धर्मावलम्बी सभन के आज बकर ईद पर्व खुशीयाली के साथ मनारहल बाडन । मुस्लिम समाज के ईद के बाद ७० वां दिन में परेवाला दोसरका महान पबनी के रुप मेें ईद–उल–जोहा (बकर ईद) मनावल जाला ।

ईद उल जोहा के अवसर में प्रदेश २ सरकार आजु एक दिन कें खातिर प्रदेश के आठों जिल्ला में सार्वजनिक छुट्टि देहले बा ।

प्रदेश न. २ के मुख्यमन्त्रि लालबाबु राउत बकर ईद के अवसर में आपन जनमभुमी पर्सा के जगरनाथपुर में मना रहल बाडे ।

मुख्यमन्त्री राउत बकर ईद के अवसर में प्रेदश संगे देश में भाइचारा, शान्ति, समृद्धि बढो कहके शुभकामना देहले बानी ।

बकर ईद के अवसर में इस्लाम धर्मावलम्बी सभन मस्जिद में जम्मा होके सबेरे के नेवाज पढके घर में आके खसी के बलि देवेके रीवाज बा । उहे बलि के तीन भाग लगा के एक भाग गरिब के, एक भाग पहुनी के आ एक भाग आपन परिवार कें खातिर छुटावल जाला ।

बकर ईद पबनी तीन दिन तक मनावल जाई ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here