मृत्यु दण्ड से उमेश यादव के बचावे खातिर जनकपुर के व्यवसायी अब्दुल बाशिद द्वारा एक लाख के सहयोग

229

काठमाण्डौ, १६ बईशाख ।

उमेश यादव के मृत्यु दण्ड के सजाय से पाकिस्तानी परिवार यादव के आममाफी देदेले बा । बाक़िर, आममाफी वापत ब्लड मनि ३० लाख पाकिस्तानी रुपयाँ के मांग भइल बा । उहे ब्लड मनि खातिर सहयोग करेके उद्देश्य से जनकपुर के सफल व्यवसायी अब्दुल बाशिद द्वारा एक लाख रुपया देवे के घोषणा कइले बाडन ।

एनआरएन आइसीसी सामाजिक उद्यमशीलता विकास समिति मध्यपुर्व के संयोजक समेत रहल बाशिद से ओतना रकम उमेश यादव के बचाउ अभियान मे सहयोग करेके जनाइले बाडन । ब्लड मनी के खातिर आर्थिक सहयोग करेके आ उमेश यादव बचाव अभियान के सफल बनावे के प्रयास मे रहल सब नेपाली से बाशिद निहोरा समेत कइले बाडन ।

हत्या के आरोप मे साउदी जेल मे रहल उमेश यादव के मृत्यु दण्ड देहला बाद उनका के बचावे के प्रयास लाए सामाजिक अभियन्ता सरोज राय पकिस्तान गइल बाडन । ओहीजान उनका पहल मे मोहम्मद लतिफ वसिर अहमद असलम के परीवार से उमेश यादव के आममाफी दे देहले बा ।

मगर आममाफी वापत असलम के परिवार ब्लड मनी ३० लाख पाकिस्तानी रुपयाँ मंगले बा । बाशिद अभि कतार मे बाडन आ उनकर आपन प्रोजेक्ट कतार एक्जिविशन मे आपन ब्रान्ड के करेवाला बाडन । कतार मे रहके आपन जन्म भुमी गांव बेला के नाम मे ब्रान्ड बनावत व्यवसाय करत आइल बाशिद के भाई सब आवेवाला महिना के ७ से १० तारिख तक दोहा मे होखेवाला प्रदर्शनी मे आपन ब्राण्ड राखेवाला बाडे लोग ।

उनकर ब्रान्ड अन्तर्गत आउट डुअर कुलर, मिस्टीङ फ्यान सब, ड्रम फ्यान, वाल, वेंतिलेशन फ्यान, इन्ड्रसियल फ्यान, आउटडोर हिटर जइसन रहल बा । अभि के समय उनकर ब्राण्ड कतार के बजार मे अउरी देश के ब्राण्ड से प्रतिस्पर्धी बन्ने मे सफल भइल बा ।

मध्यपूर्व एसिया के बजार के उच्च माग आ बिक्री बजार के अध्ययन करत समय के ब्राण्ड के सम्पुर्ण सामाग्री सब बाडका परिमाण मे उत्पादन कके बिश्व बजार तर्फ पहुंचा के प्रदर्शनी मे राखेके खोजल गइल संचालक अब्दुल वासिद जानकारी देहलन ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here