मेगा बीरगंज मोहत्सव के शुभारम्भ, मन्त्री सोनल कइनी उदघाटन

131

बीरगंज, ३० फागुण /
मेगा वीरगंज मोहत्सव २०७४ आजु से बीरगंज मे सुरु भइल बा । बीरगंज के आदर्शनगर रंगशाला मे आयोजना भइल महोत्सव के २ नं. प्रदेश के भौतिक योजना तथा पुर्वधार मन्त्री जितेन्द्र सोनल उदघाटन कइनी । उदघाटन समाहरोह के प्रमुख अतिथी समेत रहल मन्त्री सोनल दिप प्रज्वलीत कर के मोहत्सव के उदघाटन कइनी ।

मेक्स इन्टरटेन्मेन्ट द्धारा आयोजित मोहत्सव चैत्र १२ गते तक चल्ले के जनावल गइल बा । मोहत्सव मे रोज स्थानिय तथा राष्ट्रिय कलाकार सब द्धारा सांगितिक प्रस्तुती समेत होखेवाला बा ।

आयोजक संस्था के सदाम मलिक के अध्यक्षता मे भइल उदघाटन समाहरोह मे नेकपा माओबादी केन्द्र के युवा नेता रहबर अंसारी, उधोग बाणिज्य संघ के उपाध्यक्ष शुबोद्ध गुप्ता, बीरगंज युवा समाज के अध्यक्ष कमल चौगाई, प्रेस सेन्टर के पर्सा अध्यक्ष निरज पिठाकोठे मगर, नेबिसंघ के बिद्यार्थी नेता दिलिप राज कार्की लगायत के कार्यक्रम के अतिथी लोग मन्तब्य रखले रहे त कार्यक्रम के संचालन अखिल क्रान्तिकारी के केन्द्रिय सदस्य एवं पर्सा इन्चार्ज शिवम साह कइले रहनी ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here